लागू औषध निट्राभेट ट्याबलेट सहित बीरगंज मे एक जने पकडईले

190

बीरगंज, ३ जेठ ।

रजतजयन्ती चौक मे प्रहरी द्वारा हो रहल सवारी साधन चेक जांच के क्रम मे एक जने लागू औषध निट्राभेट के साथे धरईले । काल्ह संझिया १८:०० बजे के समय मे जिल्ला पर्सा बीरगंज महानगरपालिका – १६ रजतजयन्ती चौक सड़क खण्ड मे चेक प्वाईन्ट राख के अनेकन सवारी सधान आ पैदलिया लोग के समेत चेक जाच कर रहल अवस्था मे प्रहरी एक जने के पकडले बा ।

जिल्ला मकवानपुर गढ़ी गांवपालिका वाड न. ६ के रहनियार धन बहादुर कार्की के बेटा ३८ बारिष के अर्जुन कार्की दक्षिण भारत रक्सौल से उतर बीरगंज के तरफ जात बेरी संकास्पद हावभाव देखला पर प्रहरी द्वारा रोक के खोज तलास कईला पर देह मे लुका के रखले लागू औषध निट्राभेट ट्याबलेट १ पत्ता मे १५ गो ट्याबलेट के दर से ३० गो पत्ता मे ४५० गो ट्याबलेट मिलल ।

लागू औषध मिलला के बाद कार्की के ट्याबलेट सहित प्रहरी अपना कब्जा मे ले के पर्सा प्रहरी कार्यालय मे ले गईल आ उनका ऊपर लागू औषध शीर्षक मे मुद्दा दर्ता कर के आगा के अनुसंधान आगा बढ़ावल जा रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here