लावारिस अवस्था में शव मिलल, चिनेवाला ब्यक्ति के खबर कर देवे के प्रहरी के आग्रह

1508

वीरगंज(पर्सा), १८ पुस ।

पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका के वार्ड नं. ३, जितपुर स्थित गहु के खेत में एक युवक के शव मिलल बा । बुध के सबेरे ९ः४५ बजे के समय में मिलल शव के नाम, थर भा वतन खुले ना सकल पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक रेवती ढकाल बतवले बानी ।

अन्दाजी ३०/३२ वरिष के पुरुष ब्यक्ति बेहोस अवस्था में मिलल रहे आ ओकर इलाज़ खातिर नारायणी उप–क्षेत्रिय अस्पताल में लियावत बेर रास्ता में ही मृत्यु भइल रहे । लावारिस लास अस्पताल के शव गृह में राखल गइल जिल्ला प्रहरी कार्यालय, पर्सा जनवले बा ।

निज मृत ब्यक्ति के चिनेवाला निज के नातागोता भा रिस्तेदार रहला पर जिल्ला प्रहरी कार्यालय, पर्सा में जानकारी देवे खातिर प्रहरी द्वारा अनुरोध समेत कईल गईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here