लावारिस अवस्था मे रहल अचेत व्यक्ति के CAT के सहयोग से अस्पताल पहुँचावल गईल

वीरगंज, १३ भादो ।
वीरगंज के महावीर स्थान में बेहोसी के हालत में लावारिस अवस्था मे रहल एगो पुरुष के कोभीड़ एक्शन टीम (CAT) पर्सा अस्पताल पहुँचवले बा ।
कोभीड़ एक्शन टीम के फोन मार्फत जानकारी मिलला के बाद महावीर स्थान पहुच के उ व्यक्ति के उदार करत नारायणी अस्पताल पहुँचावल गईल । CAT के सदस्य तबरेज अहमद, संजीव मिश्रा समेत के समूह महावीर स्थान पहुच के सड़क किनारे लावारिस अवस्था मे रहल पुरुष के रिक्सा में राख के अस्पताल में पहुँचवले बा ।
हमनी के फोन पर जानकारी मिलला पर महावीर स्थान पहुच के उ आदमी के रिक्सा में राख के नारायणी अस्पताल में पहुचा के इलाज के व्यवस्था मिलावल गईल CAT के सदस्य मिश्रा जानकारी देहले ।
उ व्यक्ति के इलाज खातिर ३ हजार के दावाई आ एक हजार के पुलिन्दा भी किनके अस्पताल में रहल प्रहरी के जिम्मा लगावल गईल CAT के सदस्य अहमद बतवले । प्रहरी के सहयोग में उ व्यक्ति के उद्धार कईल गईल अहमद जानकारी देहले ।
उ आदमी के बारे में सामाजिक अभियन्ता लोग के भी जानकारी करावला पर कोई ना आईल स्थानीय लोग जानकारी करवले ।

