The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

वाड कार्यालय अनियमितता कईला के विरोध मे ज्ञापन पत्र

वीरगंज, १५ आषाढ़ ।

वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १२ के युवा लोग वाड कार्यालय ऊपर अनियमितता के आरोप लगावत नगर प्रमुख के ज़रूरियात छानबिन करे खातिर ज्ञापन बुझवले बा लोग ।

वाड कार्यालय के सेवा आ असंतुष्ट मुर्ली के युवा समाज नगर प्रमुख के ७ बूँदा उल्लेख  ज्ञापन बुझावत आवश्यक कारवाही करे के मांग कईले बा लोग ।

ज्ञापन मे स्वस्थ्य बीमा सम्बन्धी के न्यूक्ति, चापाकल के विवरण, राहत मे भइल अनियमितता, वाड कार्यालय मे सेवाग्राही उपर भइल  दुर्व्यहार, मुर्ली पोखरा पार्क निर्माण सम्बन्धी गुणस्तर के छानविन,  गरीब खातिर घर निर्माण कार्य खातिर आइल बजेट सम्बन्धी आ खेल सम्बन्धी बजेट बिनियोजन के विवरण मांग करत नगर प्रमुख के ज्ञापन देहले बा लोग ।

ज्ञापन पत्र देवे खातिर मुर्ली युवा समाज से जय लाल प्रसाद साह कानू, अनिल कुमार महतो, प्रमोद महतो धानुक, अमजद अंसारी, फिरोज अंसारी, भोला कुमार सर्राफ, हृदय नारायण साह, भूपेन्द्र प्रसाद गुप्ता आ अजय महतो नूनिया समेत के उपस्थित रहल ।

प्रतिकृया
Loading...