वार्ड अध्यक्ष आलम के पहल मे एक स्थानिय ईदगाह खातिर देहलें ४ कठा जमिन

276

वीरगंज ११ माघ,

पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ५ पचरुखी बहुअर्वा के एक स्थानिय समाजसेवी ईदगाह के खातिर ४ कठ्ठा जमिन देहले बानी । पर्सागढी न.पा. वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष असलम आलम के विशेष पहल में मुस्लिम समुदाय के महान परव ईद, बकरीद में नवाज पढे खातिर (ईदगाह बनावे खातिर) आजु शुक के एक समारोह के बिच उ जमिन हस्तान्तरण कइले बानी ।

पर्सागढी नगरपालिका –५ पचरुखी बहुअर्वा स्थित दोस्तीया सल्फीया मदर्सा में भइल मुस्लिम समुदाय के भेला में स्थानिय शेख हमिद मियां वार्ड अध्यक्ष असलम आलम के हस्तान्तरण कइले रहनी ।

उक्त अवसर में मदर्सा के मौलाना मसहुर रहमान, मौलाना एैतुल्लाह, एहितरे स्थानिय समसुल हवारी, महम्मद उमर मिया, अब्दुल हकिम मिया, सैनुल्लाह मिया, सैनुल्लाह मिया मंसुरी, वकिल मिया, फजिल मिया, सफुदिन मिया, फकिर मिया, ईस्लाम मिया, तारिफ मिया लगायत मुस्लिम समुदाय के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।

जमिन दाता शेख हमिद मिया आ उनकर बेटालोग शेख मिरहासन, शेख नुरहसन, शेख अलीहसन, शेख फिरोज के मंजुरी से उ जमिन हस्तान्तरण कइल जनावल गइल बा । उ अवसर में वार्ड अध्यक्ष आलम जमिन दाता के सम्मान कइले रहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here