वालविवाह अउरी दहेजप्रथा सम्बन्धि सांस्कृतिक नाटक प्रदर्शन

194

आस२, वीरगंज(पर्सा), २५ माघ ।

पर्सा के सखुवा प्रसौनी गांवपालिका के वडा नं. ५, महुवन में सांस्कृतिक नाचगान तथा नाटक प्रदर्शन कार्यक्रम सम्पन्न भइल बा। वालविवाह तथा दहेजप्रथा सम्बन्धी विद्यालय स्तरिय कार्यक्रम अन्तर्गत भइल कार्यक्रम में गांवपालिका अन्तर्गत के ४ गो माध्यमिक विद्यालय के विद्यार्थी द्वारा गित, नृत्य तथा चेतना मूलक नाटक प्रस्तुत कईल गइल ।

श्री ने.रा.मा.वि. महुवन में भइल कार्यक्रम में विद्यार्थी  लोग समाज में रहल सामाजिक कुरीती, वालविवाह तथा दहेज़प्रथा सम्बन्धि नाटक प्रस्तुत करत वालविवाह नाकरे के आ दहेज नालेवे के संदेश देहले । सखुवा प्रसौनी गांवपालिका के सहयोग में अउरी ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के आयोजना में कार्यक्रम भइल ।

आयोजक संस्था के अध्यक्ष छठु साह के अध्यक्षता में भइल कार्यक्रम के उदघाटन गांवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल कइनि । कार्यक्रम के उदघाटन में अध्यक्ष जयसवाल गांवपालिका के वालविवाह अउरी दहेज मुक्त बनावे के बतइनी । वालविवाह आ दहेजप्रथा के करते हमनी के समाज पछाडी परल वतावत उ ई कुल सामाजिक कुरुती के अन्त करे के धारणा रखले ।

कार्यक्रम में गांवपालिका के उपाध्यक्ष फुलमती देवी चौधरी, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत सन्देश कुमार यादव, वडा अध्यक्ष लालबाबु यादव, जमोदिन मियाँ, सलिम मियाँ, रामबालक राम, विश्वनाथ पटवारी लगायत के सहभागिता रहे ।

कार्यक्रम के संचालन आयोजक संस्था के कार्यक्रम संयोजक शम्भु कुमार सुमन कईले आ स्वागत भाषण श्री ने.रा.मा.वि. महुवन के प्रअ रामदेव प्रसाद कुर्मी कईले रहे । कार्यक्रम में गायक अजमत अली के भी बेजोड़ प्रस्तुती रहे । कार्यक्रम के सहभागि लोगन के प्रमाण पत्र अउरी पुरस्कार समेत वितरण कईल गइल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here