विमान दुर्घटना मे ज्यान गुमावेवाला मृत आत्मा के चिरशान्ति के कामना करत बीरगंज मे दिप प्रज्जवलीत

127

बीरगंज, २९ फागुण
बिमान दुर्घटना मे परके ज्यान गुमावेवाला प्रति आजु बीरगंज मे दिप प्रज्जवलीत करके श्रद्धाञ्जली ब्यक्त कइल गइल बा । बीरगंज युवा समाज के आयोजना मे बीरगंज के माइस्थान पार्क मे साझ के दिप प्रज्जवलीत कके मृत आत्मा के चिरशान्ति कामना कइल गइल ह । बीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाई के अध्यक्षता मे भइल श्रद्धाञ्जली सभा के सहभागि लोग विमान दुर्घटना मे परके ज्यान गुमावेवाला आत्मा के चिरशान्ति के कामना करते शोकाकुल परिवारजन लोग मे हार्दिक सम्वेदना ब्यक्त कइलख लोग ।

सहभागि लोग विमान दुर्घटना प्रति दुःख ब्यक्त करत घटना मे परके घायल भइल लोग के स्वास्थ्य लाभ के कामना समेत कइलख लोग । श्रद्धाञ्जली सभा मे बीरगंज महानगरपालिका के उप मेयर शान्ति कार्की, युवा नेता ओमप्रकाश सराफ, अखिल क्रान्तिकारी के केन्द्रिय सदस्य शिवम साह, वडा प्रहरी कार्यालय, बिर्ता के प्रहरी निरिक्षक अनिश कर्ण, नेपाल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा के राजन श्रीवास्तव लगायत के लोग के सहभागिता रहल रहे । सोमार के बंगलादेश से आइल अन्तराष्ट्रिय बिमान स्थल काठमाण्डौ पुगला पर अचानक दुर्घटना भइरहे त दुर्घटना मे पर के ४९ लोग के मृत्यु भइल रहे ।

अहीसही बीरगंज के घण्टाघर मे भी अखिल क्रान्तिकारी पर्सा के आयोजना मे दिप प्रज्जवलन कइल गइल बा । अखिल क्रान्तिकारी पर्सा के संयोजक मित्रदेव यादव के अध्यक्षतामे भइल दिप प्रज्जवलन कार्यक्रम मे नेकपा माओबादी केन्द्र के युवा नेता रहबर अंसारी, बिद्यार्थी नेता प्रभाकर गुप्ता, जुबेर आलम लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here