वियाह के गाडी दुर्घटना, डेढ दर्जन बराती लोग घायल

121

 राजेश अभिराज यादव

फागुन २८गत्ते, सिन्धुली ।

सिन्धुली के मरिण गाँवपालिका वडा नम्बर–६, कपिलाकोट मे बराती लेके चलल गाडी दुर्घटना भईला से डेढ दर्जन से जादा बराती घायल भईल बा लोग । मरिण गाँवपालिका–३, नक्कली से बितल रात १ बजे इन्द्र माझि के वियाह के बराती लेके सुनसरी जिल्ला चलल बा ३ ख ४८५७ नम्बर के बस कपिलाकोट मे दुर्घटना भईला पर डेढ दर्जन से जादा बराती घायल भईल बा लोग।

इलाका प्रहरी कार्यालय कपिलाकोट के प्रहरी निरीक्षक जयदेव माझी के मुताबिक बेहुला इन्द्र सकुसल बाड़े । दुर्घटना मे ५ जना गम्भीर घायल रहल प्रहरी द्वारा जनावल गईल बा । आउर घायल के अवस्था सामान्य रहल प्रहरी जनवले बा । घायल सब कोई के उपचार खातिर सदरमुकाम सिन्धुलीमाढी भेजल प्रहरी जनवले बा । ३५ जना बराती लेके चलल उक्त गाडी आपन लिग छोडके सडक से करिब तीन फिट निचा खेत मे जा गिरल रहे । गाडी चालक सुमन थिङ के प्रहरी नियन्त्रण मे लेहले बा त दोसर गाडी खोजके बराती लोग के सुनसरी भेजल गईल प्रहरी जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here