विरगंज मे जारी निषेधाज्ञा १५ गते तक बढ़ल

 विरगंज मे जारी निषेधाज्ञा १५ गते तक बढ़ल

वीरगंज, ०१ कुवार ।

वीरगंज महानगरपालिका मे जारी निषेधाज्ञा के आवेवाला कुवार १५ गते तक  बढ़ावल गईल बा । पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी अस्मान तामाङ के अध्यक्षता मे आज सबेरे बइठल जिल्ला सुरक्षा समिति के बइठक जारी निषेधाज्ञा के आवेवाला कुवार १५ गते रात के १२ बजे तक खातिर निरन्तरता देवे के निर्णय कईले बा ।

निषेधाज्ञा जारी रहला पर भी नियम पालन करत बजार खोले के आ सवारी साधान संचालन करे के मिली । एकरा साथे ही सार्वजनिक सेवा प्रवाह करेवाला सारा कार्यालय आ संघ संस्था से आवश्यक स्वास्थ्य सुरक्षा सर्तकर्ता अपनावात देहल गइल निर्देशन पालन कर के सेवा प्रवाह करे देवे के निर्णय भइल बा । सेवा लेवे आ देवे दुनु पक्ष कम से कम दुई मिटर दुरी कायम करे के आ अनिवार्य रुप मे मास्क प्रयोग करे खातिर बइठक निर्देशन देहले बा ।

ओइसे ही, पचास प्रतिशत ही यात्रु राख के पचास प्रतिशत बहुति भाडा ले के आवश्यक स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड पूरा कर के ही सवारी साधन संचालन करे खातिर बइठक निर्णय कईले बा ।

ओइसे ही, सबेरे ८ बजे तक ही  खुलेवाला फलफुल के दोकान खोले खातिर अब समय के सीमा नईखे राखल गइल । पर निर्णय कइल निश्चित स्थान बाहेक दोसर स्थान मे फलफूल विक्रि वितरण करेवाला के कारबाही होई प्रशासन के चेतावनी बा ।

एकरा संगही अब सेबेरे से ही दिनभर फलफुल के दोकान संचालन कईल जा सकता । ओइसे ही दोसार बजार आ दोकान बिहनयीया ११ बजे से दिन के ४ बजे तक ही खोले के एकरा से पहिले के निर्देशन के यथावत राखल गइल बा ।

कोभिड संक्रमण ना फईलो एकरा खातिर नो मास्क नो मुभ अभियान जे कडाइ के साथ लागु करे के मास्क नलगावेवालन के सार्वजनिक स्थान पर घूमेवालान के कारबाही भी करे के चेतावनी देहल गइल बा ।

लामा दुरीक के सवारी प्रत्येक दिन चलावे के मिलला के वावजूद स्थानिय स्तरम मे जोड़ गते जोड़ नम्बर सवारी चलावे के आ बिजोड़ गते बिजोड़ नम्बर के सवारी संचालन करे के मिली जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्साद्वारा जारी सुचना मे उल्लेख कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *