विवाह पंचमी मे मोदी के जगह राजनाथ सिंह आ योगी आदित्यनाथ अइहे जनकपुर

540

जनकपुरधाम, २० कातिक ।

बद्रिनाथ झा ।

हरेक बरिस जईसन यी बरिस भी धूमधाम के साथ मनावल जाएवाला रामजानकी विवाह पंचमी मे शुभ अवसर पर भारतीय प्रधानमन्त्री नरेंद्र मोदी के आगमन होखेवाला रहल माकिर कुछ कारण बस मोदी के भ्रमण रद्द हो गईल । मिलल जानकारी के हिसाब से विवाह पंचमी के अवसर पर भारत के गृहमन्त्री राजनाथ सिंह आ उतर प्रदेश के मुख्यमन्त्री योगी आदित्यनाथ आवे के पक्का भईल बा ।

भारत के अन्तरिक राजनीति आ यीहे नोभेम्बर २० से होखेवाला ५ राज्य के राज्यसभा चुनाव के कारण मोदी के विवाह पंचमी के अवसर पर होखेवाला नेपाल भ्रमण के योजना स्थगित कईल गईल ह । नोभेम्बर २० से डिसेम्बर ७ तक छतीसगढ़, मध्यप्रदेश, मिजोराम, राजस्थान आ तेलंगाना राज्य मे राज्यसभा के चुनाव होखेवाला बा ।

५ गो राज्य मे से छतीसगढ़, मध्यप्रदेश आ राजस्थान के सत्ता मे अभी भारतीय जनता पार्टी के ही सरकार बा । भाजपा मोदी के प्रयोग करत आपन पूरा शक्ति ओहि मे लगा रहला के कारण मोदी के जनकपुर भ्रमण रद्द भईल आधिकारिक ब्यक्तित्व लोग के कहनाम बा । एकरा वावजूद परराष्ट्र मंत्रालय के तरफ से भेजल गईल औपचारिक चिट्ठी के अभी ले भारत कौनों जवाफ नईखे भेजले । अकेरा अलावा मोदी नेपाल ना आवे चाहे के दोसरका कारण भारत नेपाल से असंतुष्ट बा बतावल गईल बा ।

बिम्स्टेक सदस्य राष्ट्र के काठमाण्डू मे पूरा भईल चउथका सम्मेलन के खतम होते भारत मे होखेवाला संयुक्त सैन्य अभ्यास मे नेपाल भी सहभागी होई कहल गईल रहे । पर नेपाल अंतिम समय मे सहभागिता ना जनावे सके के संदेश भेजले रहे । एकरा के भारत “अपमान ब्यावहार” के रूप मे लेहले बा ।

एही कारण मोदी विवाह पंचमी मे जनकपुर आवे के इक्षुक नईखन कहल गईल बा । हिन्दूधर्म के पक्ष मे वकालत करत आइल भाजपा के ओर से चुनल गईल उतरप्रदेश के मुख्यमन्त्री योगी के जनकपुर मे होखेवाला भ्रमण के राजनीतिक दलवाला लोग सकारात्मक रूप मे लेहले बा । योगी के भ्रमण दु देश बीच के कूटनीतिक धार्मिक सम्बंध मजबूत होई अइसन आम जनता के बिश्वास बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here