विशाल गोल्ड कप : भारत सिलिगुरी के हरावत झापा ११ विजयी

174

वीरगंज, १ माघ ।

वीरगञ्ज मे जारी विशाल समृति फुटबल प्रतियोगिता के अन्तिम खेल मे झापा ४–२ से विजयी भइल बा । वीरगञ्ज के नारायणी रंगशाला मे जारी मंगलबार के खेल मे झापा ११ भारत के सिलीगुरी के टिम रोयल एफसी क्लब के हरईले ह ।

खेल के अन्तिम मे झापा के विकेश लिम्बु गोल करत आपन झापा टिम के विजयी करइले रहलन । खेल के म्यान अफ द म्याच झापा के आशिष चापागाई घोषित भइल रहलन ।

नेपाल आ भारत के ८ गो टिम के सहभागिता रहल प्रतियोगिता के बिहान पहिलका सेमिफाईनल आयोजक वीरगञ्ज ११ आ काठमाडौं के हिमालयन शेर्पा बीच होखे के आयोजक जनइले बा ।

प्रतियोगिता मे विजेता टिम के कपसहित नगद ५ लाख ५५ हजार पाँच सय ५५ आ उपविजेता के दु लाख ७७ हजार सात सय ७७ रुपैयाँ पुरस्कार देहल जाई । सर्वोत्कृष्ट खेलाडी के सुजुकी के जिक्सर मोटरसाइकल पुरस्कार रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here