विशाल गोल्ड कप फाइनल : त्रिभुवन आर्मी लगातार दुसरका बेर भइल टोर्नामेंट के विजेता

180

वीरगंज, ५ माघ ।

दुसरका बेर हो रहल विशाल स्मृति फुटबल प्रतियोगिता के विजेता त्रिभुवन आर्मी क्लब भइल बा । पहिलका बेर भी विशाल गोल्ड कप के विजेता आर्मी ही भइल रहे । वीरगंज के नारायणी रंगशाला में हो रहल प्रतियोगिता के फाईनल खेल में हिमालयन शेर्पा के हरावत आर्मी विजयी भइल ।

शनिचर के खेलल गईल फ़ाइनल में खेल के शुरुवाती हाफ टाइम में हिमालयन शेर्पा के एक गोल के जवाब में खेल के दुसरका हाफ में आर्मी द्वारा एक गोल कईला से निर्धारित समय तक खेल एक एक गोल के बराबरी में ख़तम भइल रहे ।

खेल के निर्धारित समय ख़तम भइला के बाद दुनु टिम आयोजक से समय थप करेके मांग कईले रहे माकिर समय अभाव के करते आयोजक द्वारा समय थप ना करके खेल के टाईब्रेकर में ले जाएके निर्णय भइल रहे ।

टाइबब्रेकर में भी निर्धारित ५/५ शूटआउट के बाद एक्सट्रा के १/१ शूटआउट में भी बराबर रहला से खचखच भरल रंगशाला में आउर रोमांच उत्पन्न भइल रहे आ ओकर बाद देहल गईल २/२ शूटआउट में हिमालयन शेर्पा एक गोल अउरी आर्मी २ गोल करत आर्मी के विजेता घोषणा कईल गईल रहे ।

प्रतियोगिता के विजेता आर्मी के ट्राफी सहित पुरस्कार रासी रु ५ लाख ५५ हजार ५ सय ५५ से पुरस्कृति कईल गइल रहे त ओने उप विजेता हिमालयन शेर्पा के रु २ लाख ७७ हजार ७ सय ७७ रुपेया प्रदान कईल गइल रहे । प्रतियोगिता के सर्वोत्कृष्ट खेलाडी (म्यान ऑफ द टोर्नामेंट ) के रूप में हिमालयन शेर्पा के विश्वास श्रेष्ठ के घोषणा करत उनका के सुजिकी जिक्सर मोटरसाइकल पुरस्कार देवल गइल रहे । फाइनल खेल के मैन अफ द म्याच हिमाल्यन शेर्पा के ही मान बहादुर तमांग के रु ५ हजार पुरस्कार राशी देवल गइल रहे ।

प्रतियोगिता के बेस्ट गोल्ड किपर आर्मी के बिकेश कुथु, बेस्ट डिफेन्डर आर्मी के दिपक गुरुङ्ग, बेस्ट मिड फिल्डर आर्मी के ही संतोष तमाङ, बेस्ट कोच आर्मी के ही नविन न्योपाने के घोषिणा कईल गईल रहे । प्रतियोगिता के बेस्ट खेलाडी सब के पुरस्कार राशी रु १५ हजार के दर से सब केहु के कार्यक्रम के अतिथी लोग के हाथे पुरस्कृत कईल गईल रहे ।

पूर्व राष्ट्रीय खेलाड़ी विशालजंग राणा के स्मृति में हो रहल प्रतियोगिता के आयोजक विशाल मेमोरियल फाउन्डेसन के अध्यक्ष अनिल कुमार कलवार के अध्यक्षता अउरी प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रदिप यादव के प्रमुख आतिथ्यता में भइल समापन कार्यक्रम में प्रदेश सांसद अंजु यादव, नेपाली कांग्रेस पर्सा के सचिव श्याम पटेल, क्षेत्रिय सभापति अरविन्द गुप्ता लागायत के अतिथी लोग के हात से विजेता खेलाडी लोगन के मेडल, प्रमाण-पत्र आ पुरस्कार वितरण भइल रहे । फाइनल बितला संगे ही समापन भइल प्रतियोगिता में नेपाल अउरी भारत के ८ गो ए डिभिजन के टिमसब सहभागि भइल रहे ।

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here