विश्वकप छनोट के फाइनल अफगानिस्तान जितलख

105

२०७४/१२/११, वीरगंज

जिम्बावे में होरहल विश्वकप छनोट टूर्नामेंट के आजु फाइनल खेल में अफगानिस्तान वेस्ट इंडीज़ के ७ विकेट से जित दर्ज कइले बा। वेस्ट इंडीज़ टॉस जितके बल्लेबाजी करके निर्णय कइले रहे। ४६.५ ओवर खेलत १० विकेट के नोक्सानी में वेस्ट इंडीज़ २०४ रन बनाके सिमित होगइल रहे। वेस्ट इंडीज़ के ओरी से सिमरोंन हेटमैएर आ रोमन पावेल सर्वाधिक ३८ आ ४४ रन जोडले रहे लोग। बल्लेबाजी करत अफगानिस्तान के ओरी से मुजीब रहमान ४ विकेट लेले रलन।

लक्ष्य के पीछा करत अफगानिस्तान ४०.४ ओवर में ही जित हासिल करलेलख। अफगानिस्तान के ओरी से शानदार पारी खेलत मोहम्मद शहजाद ९३ बॉल में ११ गो चौका आ २ गो छाका सहित ८४ रन बनाके म्यान ऑफ़ दि म्याच हात मरलन। मोहमद्द नाबी खेल के अन्तिम ३ गेन्द में ३ गो लगातार छाका मारके रोमाँचक तरिका से टूर्नामेंट जितलख लोग।

अफगानिस्तान फाइनल में गइला पर ही २०१९ में होखेवाला विश्वकप खेल खातिर छनोट होगइल रहे। विश्वकप खेले वाला १० गो अन्तिम देश के सूचि कुछ अइसन बा- भारत, दक्षिण अफ्रीका, ऑस्ट्रेलिया, इंग्लैंड, बंगलादेश, पकिस्तान, श्रीलंका, न्यूज़ीलैण्ड, वेस्ट इंडीज़ आ अफगानिस्तान।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here