विश्वस्तर पर मधेस के पहिचान उजागर करत ‘भिजिट मधेस’ अमेरिका के न्यूयोर्क मे कइलख प्रदर्शन

660

वीरगंज, १० जेठ

अमेरिका से “भिजिट मधेस” न्यूयोर्क, नेपाल डे के अवसर पर भिजिट मधेस नेपाल अभियान अमेरिका के राजधानी न्यूयोर्क मे प्रदर्शन कईले बा । तराई मधेस के २२ ओ जिल्ला के जोड़त पर्यटन परवर्द्धन के खातिर जारी भिजिट मधेस नेपाल अभियान नेपाल डे के अवसर पर न्यूयोर्क मे बैनर सहित रैली निकालल गइल ।

नेपाल भ्रमण करे आवेवाला पर्यटक लोग के तराई मधेस के पर्यटकीय जगह भी घूमे के जोड़ देत न्यूयोर्क मे यी दुसरका बेर कार्यक्रम के आयोजना कइल गईल अभियान के ग्लोबल कोर्डिनेटर राज सर्राफ बतवले ।

सर्राफ के नेतृत्व मे कइल गइल यी कार्यक्रम मे अभियान के डिजिटल प्लेटफार्म वेबसाइट, मोबाइल एप के भी सार्वजनिक कइल गईल । तराई मधेस मे पर्यटन के बिकास करे के आ मधेस के बिकास उत्थान मे सहयोग पहुचे के उदेश्य के साथ अभियान चलावल गइल संयोजक सर्राफ बतवले ।

मधेस के पहिचान के उजागर करे खातिर नेपाल के इतिहास मे ही पहिलका बेर आइसन प्लेटफार्म तैयार कइल गईल बा ग्लोबल संयोजक राज सर्राफ दाबी कईले । रैली मे अमित सिंह, बिनोद साह, सुभाष कुमार बैठा, हेमंत सिंह, रूबी साह, मनोज सिंह, नारायण साह, सुनील मेहता, कुनाल पटेल, कुन्दन साह सहित भिजिट मधेस अभियान संघे सद्भाव राखेवाला सयो आदमी लोग के सहभागिता रहे ।

तराई मधेस पहिचान आ एतिहासिक धरोहर के राष्ट्रीय आ विश्वव्यापी रूप मे उजागर करे करत सरकार आ उदेश्य मिलेवाला संघसंस्था से समान्यवय कर के अभियान के मजबूत आ परिणाम मुखी बनावे के अभियान के राष्ट्रीय संयोजक ओमप्रकाश सर्राफ आपन वीरगंज से बात करत बतवले ।

यी अभियान के सफल बनावे खातिर वातावरण तैयार करे खातिर राष्ट्रीय टिम, प्रादेशिक टिम आ २२ जिल्ला मे स्थानीय टिम आ करीब एक दर्जन देशन मे अंतराष्ट्रीय टिम गठन कईल गइल आ सब कोई कडा मेहनत के साथ अभियान मे लागल बा लोग सर्राफ बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here