विश्वस्तर पर मधेस के पहिचान बनावे मे लागल “भिजिट मधेस”

147

वीरगंज, ०८ जेठ ।

मधेस के पहिचान विश्वस्तर पर डिजिटल प्लेटफार्म पर पहिचान करावे खातिर अभियान स्वरूप अन्तराष्ट्रियस्तर पर “भिजिट मधेस संस्था सक्रिय भइल बा । मधेस के पहिचान विश्वस्तर पर प्रचार प्रसार करे खातिर वेबसाइट आ मोबाइल एप्लिकेशन भी तैयार हो चुकल बा भिजिट मधेस के नेपाल संयोजक ओमप्रकाश सर्राफ जानकारी करवले ।

मधेस के पहिचान करावत पर्यटन प्रवर्द्धन करत मधेस के अर्थतंत्र मजबूत बनावे के, रोजगार के सिर्जना करे के, तराई मधेस के २२ ओ जिल्ला के जोड़त भिजिट मधेस के अभियान चलावल जा रहल सर्राफ बतवले । मधेस के २२ ओ जिल्ला मे रहल एतिहासिक, पुरातात्विक, धार्मिक संस्कृतिक आ प्रकृतिक धरोहर सब के उजागर करत अभियान आगड़ी बढ़ रहल बा ।

एकरा खातिर केन्द्रीय, प्रादेशिक आ हरेक जिल्ला जिल्ला मे समूह गठन कईल बा । विश्वव्यापी रूप मे अभियान के आगा बढ़ावत करीब एक दर्जन देशन मे समूह गठन भइल आ दोसार देश मे गठन प्रक्रिया आगा बढ़ रहल संयोजक सर्राफ आपन वीरगंज से बात करत कहले ।

नेपाल मे राष्ट्रीय संयोजक के रूप मे रहल युवा नेता आ सामाजिक अभियन्ता सर्राफ यी अभियान के नेतृत्व कर रहल बाड़े । ग्लोबल कोर्डिनेटर के रूप मे अमेरिका से राज सर्राफ नेतृत्व कर रहल बाड़े ।

पर्यटन से संबन्धित संघ संस्था, स्थानीय निकाय, प्रदेश सरकार से ले के केन्द्रीय सरकार संघे समन्वय आ सहकार्य मे “भिजिट मधेस नेपाल २०२०” सफल बनावे के सर्राफ जानकारी देहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here