विश्व हिन्दू महासभा के अध्यक्ष बच्चन के भारत मे गोली मार के हत्या

308

भारत, २० माघ ।

अन्तराष्ट्रिय हिन्दू महासभा के अध्यक्ष रंजीत बच्चन के गोली मार के हत्या कर देहल गइल बा । उतर प्रदेश के राजधानी लखनउ मे रहल हजरतगंज क्षेत्र मे मार्निंग वाक खातिर घर से निकलल अध्यक्ष बच्चन के काल्ह एतवार के बीहनईया अज्ञात समूह गोली मार के हत्या कर देहेले बा भारतीय सञ्चार माध्यम से खबर मिलल ।

गोली लागला से अध्यक्ष बच्चन के घटनास्थल मे ही मृत्यु हो गइल भारतीय समाचार माध्यम जानकारी करवले बा । अज्ञात समूह द्वारा चलावल गोली से उनका संघे रहल एक दोसर आदमी भी घवाहिल बाड़े पर उनकर स्थिति खतरामुक्त बा जानकारी मिलल बा । हत्या के कइलख आ काहे कइलख अभी ले नईखे मालूम चलल । यी घटना पर भारतीय प्रहरी आपन आगा के खोज तलाश शुरू कर देहले बा भारतीय प्रहरी संचार माध्यम के जानकारी देहले बा ।

एकरा से पहिले भी बितल साल हिन्दूबादी नेता कमलेश तिवारी के कुछ अज्ञात समूह गोली मार के हत्या कर देहले रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here