वीरगंजीयन युवाद्वारा आजू पांचवा दिन भी गरीब आ असहायन के ओढ़ना लाय कम्बर बाँटल गईल

619

वीरगंज, ०६ पुष ।

दिन प दिन बढ़त जाड़ के संघही तराई मधेश के दैनिक जनजीवन कष्टकर बनात जा रहल बा । ठंडा आ शीतलहरी बढला से सड़क प जीवनबीता रहल गरीब असहायन के जिनगी सब से बहूती समस्या मे परल बा । गरीबी के वजह से अइसन कनकनी वाला जाड़ा मे भी उ लोग सड़क के किनारे भा खुल्ला आकास के नीचा जीवन बितावे के मजबूर बा लोग ।

अइसन थरथरीवाला जाड़ मे सड़क के किनारे खुल्ला आकास के नीचे रात मे सुते भा जीवन बीता रहल गरीब आ असाहयन के घाव पर मलहम लागावे खातिर लगातार पांचवा दिन भी वीरगंज के युवा लोग के सक्रियता देखल गईल । आर्थिक मार के कारण गरीबी मे खुल्ला आकास के नीचे रोड भा कौनों ओसारा के नीचे रात बीता रहल लोग के ठंडा से बचावे के उदेश्य से आजू पांचवा दिन भी वीरगंज के युवा लोग आधा रात मे उ लोग के खोज खोज के ओढ़ना बंटले बा लोग ।

समाजवादी विधार्थी यूनियन के केंद्रीय सदस्य समेत रहल वीरगंज के युवा नेता निखिल वर्णवाल के नेतृत्व मे वीरगंज के युवा लोग आधा रात मे वीरगंज के गली गली मे घूम घूम के अइसन असहाय आ गरीबन के खोज के आज पाँच दिन से लगातार ओढ़ना लाय कम्बर बांटत आ रहल बा लोग ।

आपन वीरगंज से बात करत युवा नेता कहले की सड़क के किनारे खुल्ला आकास मे रात बीता रहल अइसन असहाय आ गरीबन खातिर हमनी जईसन युवा लोग कामे ना आई त के आई । यी लोग भी हमनिए जइसे आदमी ह लोग आ अइसन कपकपि वाला जाड़ा मे खुल्ला आकास मे जाड़ से कठुवात लोग के मानवता के हिसाब से भी हमनी के फर्ज बनता की मदत कईल जाव आ जब ले जाड़ रही यी ओढ़ना बांटे के काम लगातार चलत रही वर्णवाल कहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here