वीरगंज उधान पार्क मे लगानी से साल भर मे उप्लब्धी ‘जीरो’

    408

    वीरगंज, ३० कुवार ।

    नेपाल सरकार, वीरगंज महानगरपालिका आ नगर बिकास कोष के संयुक्त लगानी मे मझौला शहर एकीकृत शहरी वातावरणीय सुधार आयोजना ( STIUEIP ) भीतर निर्मित वीरगंज उधान पार्क मे कईल गईल लगानी के हिसाब से साल भर मे उपलब्धि लगभग जीरो रहल बा ।

    वीरगंज के हरीखेतान बहुमुखी क्याम्पस के सामने मे बनल यी पार्क ब्यावस्थित ना भइला से पार्क मे घूमे आवे वाला लोग के कमी महसूस कईल जा सकता । योजनाबद्ध तरीका से बिशेषत लईकन के लक्षित क के बनावल गईल यी पार्क मे लईका लोग के खेले लाय साधन के ब्यावस्था त बा माकिर घासफूस उबजला के चलते ओइसन खेलेवाला चीजन के सदुपयोग नईखे होखे सकल ।

    वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख बिजय कुमार सरावगी द्वारा २०७५/२०/०७ मे उद्धघाटन भईल यी पार्क साल भर से अब्यावस्थित ही रह गईल । पार्क के ब्यावस्थपन ढंग से कईल अभी के समय मे बहुते जरूरी देखल गईल बा । देश के आर्थिक नगरी वीरगंज भीड़भाड़ वाला जगह पर अइसन पार्क होखल बहुते जरूरी बा माकिर पार्क रहला पर भी ब्यावस्थित ना भइला से लईका भाय वीरगंज के जनता लाय यी पार्क असुरक्षित बा कहल जा सकता ।

    वीरगंज उधान पार्क मे आइल कुछ जनता से बात कईला पर महानगरपालिका के यी पार्क के ब्यावस्थित करे खातिर ध्यान देवे के चाहि अगर एकरा के महानगरपालिका ब्यावस्थित क देवे त सबेरे संझिया शारीरिक ब्याम करेवालन के भीड़ लागि लईकन के खेले के भीड़ लागि क़हत आपन वीरगंज के ओरहन सुनवले लोग ।

    वीरगंज उधान पार्क के उद्धघटन भईले साल भर हो गईल माकिर अभी ले पार्क मे बिजुली बति के ब्यावस्था नईखे होखे सकल । बिजुली के खम्बा त हाला देहल बा माकिर एकरा ऊपर लाइट नईखे लागल । वीरगंज घदीअर्वा के बाद आदर्शनगर मे यी दुसरका पार्क ह एकरा के ब्यावस्थित कईल जरूरी बा पार्क मे घूमेआइल जनता लोग के कहनाम रहल ।

    वीरगंज उधान पार्क मे लगानी के हिसाब से अगर ब्यावस्थित क के बिजुली बति के सुबिधा लगा देहल जाव त एकरा से बहुते उपलब्धि हो सकता ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here