वीरगंज एसिड आक्रमण मे परल मुस्कान के नगर प्रमुख सरावगी के ३ लाख आर्थिक सहयोग

462

वीरगंज, २६ अगहन ।

वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख बिजय कुमार सरावगी एसिड आक्रमण पीड़िता मुस्कान खातून ३ लाख रोपेया आर्थिक सहयोग कईले बाड़े । काठमाण्डू के कीर्तिपूर मे रहल बर्न अस्पताल पहुच के नगर प्रमुख सारावगी मुस्कान खातून के परिवार के मुस्कान के इलाज खातिर आर्थिक सहयोग कईले बाड़े ।

वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय द्वारा २ लाख आ नगर प्रमुख सरावगी के तनख़ाह आ भत्ता से १ लाख रोपेया सहित ३ लाख के चेक प्रमुख सरावगी बियफे के दिने मुस्कान के परिवार के देहले । मुस्कान खातून के बुध के दिने अमेरिकन आ नेपाली डाक्टर लोग के समूह प्लास्टिक सर्जरी आपरेशन कईले बा ।

वीरगंज के छपकईया निवासी मुस्कान के ऊपर एसिड आक्रमण भइला से उनकर इलाज तीन महिना से कीर्तिपूर के बर्न अस्पताल मे हो रहल बा । नगर प्रमुख सरावगी अस्पताल पहुच के आर्थिक सहयोग कईला के साथे ही अस्पताल मे ज़रूरियात ब्यावास्थापन समेत के ब्यावस्था मिलवले बाड़े ।

मुस्कान के अभी भी आर्थिक सहयोग के जरूरी भईला से अनेकन दाता लोगन से बात भी हो रहल नगर प्रमुख सरावगी बतावत इच्छुक संघ संस्था के आर्थिक सहयोग करे के निहोरा कईले बाड़े ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here