The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

वीरगंज कारागार के एगो बन्दी के मृत्यु

वीरगंज, ११ आषाढ़ ।

वीरगंज महानगरपालिका मे रहल वीरगंज कारागार के एक जने बन्दी के मृत्यु भइल बा । वीरगंज महानगरपलिका वाड नम्बर २ निवासी ६३ साल के बसीर आलम के मृत्यु भइल बा ।

ठगी मुद्दा मे साढ़े ४ महिना पहिले उनका के पुर्पाक्ष खातिर कारागार मे राखल गइल रहे । मधुमेह आ उच्च रक्तचाप के शारीरिक समस्या के कारण उनका के १६ दिन पहिले नेशनल मेडिकल कालेज मे भर्ना कईल गइल रहे ।

बियफे के दिने २:०० के समय मे अस्पताल के डाक्टर लोग उनका के मृत घोषित कईले रहे लोग वीरगंज कारागार के प्रमुख श्रवण पोखरेल जानकारी करवले । उनकर मृत शरीर पोष्टमार्टम खातिर वीरगंज के नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल मे ले गइल गइल पोखरेल जानकारी देहले ।

प्रतिकृया
Loading...