वीरगंज के आईसीपी आ सिर्सिया सुख्खा बिच के पातर सड़क अब चौड़ा होई

170
पर्सा के हुलकी सड़क खंड जहां आईसीपी जाके जुड़त बा । फोटो – अंकुश

वीरगन्ज, ११ चैत ।
वीरगन्ज मे निर्माणाधीन एकीकृत सुरक्षा जाँच (आईसीपी) चौकी अउरी सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह बिच के पातर सड़क के चौड़ा करे खातिर सरकार से मुआब्जा वितरण कईल शुरू हो चुकल बा ।

हुलाकी सडक मे परेवाला १ हजार १ सय मिटर सडक खण्ड के आसपास के जग्गाधनी द्वारा मुआब्जा लेवल शुरू भइला से सडक बिस्तार के काम अगाडि बढ़ावल गईल बा ।

आईसीपी निर्माण के अन्तिम चरणमा रहल आ एक/दुई महिना भितरे प्रयोग मे आवल शुरू होखला के चलते उहवा पहुचेवाला सवारी साधन के भीड़ के मध्यनजर कर के ओह बिच के सड़क के चौड़ा करेके काम अगाडि बढ़वाल जा रहल बा ।

व्यापारिक मार्ग बिस्तार योजना वीरगन्ज–पथलैया सडक कार्यालय के इन्जिनियर अशोक कुमार राय यादव के मुताबिक उक्त सडक खण्ड के आसपास के जग्गाधनी द्वारा मुआब्जा पावे खातिर आवश्यक प्रक्रिया समेत सुरु हो चुकल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here