वीरगंज के आदर्शनगर मे आयोजित भोजपुरी सांगीतिक कार्जक्रम भव्य रुप मे पुरा

520

अास/वीरगंज, २७ असोज ।

नेपाल भोजपुरी समाज द्वारा शनिचर के वीरगंज मे आयोजन  कइल गइल भोजपुरी सांगीतिक सांझ कार्यक्रम भव्य रुप मे पुरा भइल बा ।

भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संगीत के प्रवर्द्धन के उद्देश्य से आयोजित कार्जक्रम भव्य आ उत्साहजनक सहभागिता मे पुरा भइल बा ।

कार्जक्रम मे नेपाल भोजपुरी समाज के उपाध्यक्ष समेत रहेल स्थानिय कलाकार ध्रुव सिंह ठकुरी, सचिव रितु राज पटेल, सह सचिव अजमत अली अंसारी, नेक महमद, बिभा मेहता, निरज अचार्य द्वारा गित–संगित प्रस्तुती कइल गइल रहे ।

भोजपुरी गित-संगीत अश्लीलता तर्फ बढत जा रहल सिकायत हो रहल के समय मे वीरगंज के आदर्शनगर मे भइल कार्जक्रम मे स्थानिय कलकार सब द्वारा खुद से बनावल, लिखल गइल मौलिक संगीत के प्रस्तुत कईल गईल रहे जेकरा के दर्शक लोग खुब मन परइले रहे ।

कार्जक्रम मे कलाकार चन्दन दास, कलिम, सावन द्वारा म्युजिसियन के भुमिका निभावल गइल रहे । नेपाल भोजपुरी समाज के अध्यक्ष रामदेव प्रसाद श्रीवास्तव के अध्यक्षता मे भइल कार्जक्रम मे वीरगंज महानरपालिका के मेयर विजय सरावगी, डा. हरिन्द्र हिमकर, वृज मोहन सिंह, वरिष्ठ पत्रकार चन्द्रकिशोर झा, सानोपाइला के कञ्चन झा लगायत लोग आपन आपन मन्तव्य राखत कार्जक्रम के खुब सराहना कइले रहनी ।

कार्यक्रम मे बोलत वीरगंज महानगरपालिका के मेयर सरावगी कार्जक्रम से खुद ही उत्साहित भइल बतावत महानगरपालिका के कामकाज के भाषा बहुती जल्दी भोजपुरी बनावे के बतइनी । कार्जक्रम के संचालन भोजपुरी समाज के सदस्य समेत रहल पोखरिया नगरपालिका के उप-मेयर सलमा खातुन आ पत्रकार राजेन्द्र सिंह कइले रहनी त स्वागत मन्तव्य समाज के सदस्य रंजित यादव कइले रहलन ।

वीरगंज महानगरपालिका के सहयोग मे भइल कार्जक्रम के सह आयोजक सानो पाइला रहे । कार्जक्रम मे नेपाल भोजपुरी समाज के नयाँ सदस्य भइल अधिवक्ता विनोद प्रसाद कुर्मी, अशोक कुशवाहा, विभा मेहता, जय साह, रंजित यादव, शिव सन्देश, राकेश बर्मा, अजित श्रीवास्तव के गमछा ओढा के सम्मान समेत कइल गइल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here