वीरगंज के एक जनानी १५ दिन से गायब, पुलीस पत्ता लगावे नइखे सकल

744

वीरगंज ११ माघ,

वीरगंज महागरपालिका–१४ बहुअरी मुस्लिम टोल नइहर रहल २० बरीस के सजरा खातुन २५ दिन से वेपत्ता बाडि । छोट बेटी भुलइला के बाद फैजुल रहमान आ रुवैदा खातुन चिन्ता मे बाडन । सजरा भुलइला के बाद पुलीस द्वारा खोजी कर देवे के खातिर निवेदन देहला पर भी अभी तक बेटी ना मिलला से उलोग चिन्ता मे डुबल बाडन ।

दु बरीस से वीरगंज महानगरपालिका–१८ ईनर्वा मनियारी के चोकट मिया आ फतमा खातुन के छोट बेटा २४ बरीस के रहिम हवारी से उनकर बियाह भइल रहे । बितल बेरी करिब डेढ महिना से नइहर मे रहत आइल सजरा अंग्रेजी नयाँ साल मना के ओकर बिहान भइला पुस १८ गते ससुराल (घर) फिर्ता भइल रहनी । ओकरा बाद उ कहाँ बाडी नइहर पक्ष के कउनो जानकारी नइखे मिले सकल ।

घर मे जेठ देयादिन लगायत लोग पिटपाट करत अइला के चलते भाग के सजरा नइहर आइल नइहर पक्ष के दाबी बा । ‘हरदम आवत जात रहली, बितल बेरी पिट के पठइले रहलन, डेढ महिना जेतना रहली, जेठ देयादिन फुन करके पठावे के कहला के बाद पठवनी, अभी ससुराल मे भी नइखी कहके खबर आइल,’ कहत सजरा के बाबु फैजुल, ‘ जेठ बेटा के ससुराल मे बुझे खातिर पठवनी, उ बहिन कहाँ बाडि ? कहके पुछला पर नइहर से आके व्याग राख के भागल कहके जवाफ देहनी ।

ससुराल पक्ष के गतिविधि शंकास्पद बा । पुलीस सजरा के खोजी तेज बनावल दाबी कइले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक रेवती ढकाल खोजी मे कउनो कसर बाँकी ना राखल दाबी कइनी ।

‘सजरा के मरद आ जेठ देयादिन के लिआ के पुछपाछ कइल गइल बा, आउर अनुसन्धानसब भी अगाडि बढावल गइल बा । ठोस प्रमाण ना मिले तक अइसन बा कहे सकेके अवस्था नइखे,’ कहके बतवनी । फुन भी ना राखेके आ बढिया से ना बोलेवाला भइला के चलते अनुसन्धान मे समस्या हो रहल उनकर कहनाम बा ।

पुवरा के पुँजउल मे जरल लास उपर अनुसन्धान केन्द्रित सजरा भुलइला के १५ दिन के बाद पुलीस वीरगंज महानगरपालिका–२० अपौनी मे एक जने जनानी के जरल अवस्था मे लास खोजले बा । स्थानीय भरतप्रसाद चौरसिया के गहुँ खेत मे राखल पुवरा के पुँजउल जरल राखी मे अन्दाजी २०/२२ बरीस के जनानी के लास मिलल बा । पुवरा के पुँज मे आगी लगइला के चलते जनानी के लास भी जरला से लास पहिचान होखे नइखे सकल । पुलीस सजरा के लास ह कि ? कहके शंका करत डिएनए परीक्षण के खातिर पठइले बा ।

‘आधा जरल अवस्था मे जनानी के लास मिलल बा, दाँत आ आउर बात से पहिचान हो सकत बा कि कहके देखल गइल माकिर होखे ना सकल ,’ कहत उ, ‘सजरा के माई लास के डिएनए म्याच करी कि कहके परीक्षण के खातिर पठावल गइल बा । पहिले लास के सनाखत कइल जाई, ओकरा बाद कइसे अनुसन्धान के अगाडि बढावल जाई देखल जाई ।’

यादव जात के दोसर एक जनानी भी भुलाईल उजुरी पुलीस मे अइला से अभी हि इहे ह कहके बतावे सकेके अवस्था नइखे । माकिर, सजरा के नइहर पक्ष से उनकर हत्या हि भइल हो सकेके आशंका कइले बाडन ।

बहुअरी मुस्लिम टोल के नइम अन्सारी सजारा के ससुराली पक्ष के गतिविधि पहिले से हि शंकास्पद देखल गइला से हत्या भइल हो सकेके दाबी कइनी । ‘बेटी इहाँ से गइला के बाद घर छोड के गइला के बाद हि उलोग नइहर मे खबर ना कइला से आशंका बढाई । ओकरा उपर पिटपाट करत आइल बाडन,’ कहके बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here