वीरगंज के एक लईकी के जहर खाके भईल मौत, हत्या कईल परीवारजन के कहनाम

2243

आस,वीरगंज सावन १५

वीरगंज में एक लइकी के शंकास्पद मौत भईल बा । मौत होखेवावला मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ प्रगति नगर के रहनीयार २३ बरीष के लक्ष्मी कहाएवाली रेश्मा ठाकुर रहल बाडी ।

बितल एतवार के दुपहर २ बजे घर से ५० रोपेया रिक्सा भाडा लेहके निक्लल ठाकुर रात के साढे ८ बजे जहर खाके अस्पताल में छटपटा रहल अवस्था में पुलीस के मिलल आ तन्के देर में लईकी के अस्पताल के हि इमरेजन्सी शाखा में मौत भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

परिवार के सदस्य एवम् लक्ष्मी के दिदी पिंकु श्रेष्ठ रेश्मा के प्रेमी आ वीरगंज के रहनीयार आनन्द गुप्ता के देहल मानसिक तनाव से बहिन के अइसनका घटना भईल बतवली । रेशमा के प्रेमी पैसावाला आ पहुँचवाला भईला से बियाह करेके ना मानल रेशमा के संघतियन के कहनाम बा ।

एक बरीष से प्रेम सम्बन्ध में रहल रेश्मा के बितल एतवार के सबेरे साढे ८ बजे आनन्द के साथे बातचित भईल रहे आ उन्करे से भेट करे ला कहके घरे से निकलल परिवारजन बतवले बा । परिवारजन के अनुसार रेश्मा आपना से आत्महत्या ना कईल बांकिर उन्कर हत्या भईल आरोप लगवले बाड़न ।

घटना संकास्पद भईला से एकर छानबीन हो रहल पर्सा के डिएसपि अनन्तराम शर्मा जनवले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here