वीरगंज के कोभीड़ अस्पताल से दु जने कोरोना संक्रमित फरार

 वीरगंज के कोभीड़ अस्पताल से दु जने कोरोना संक्रमित फरार

वीरगंज, ०७ भादो ।

वीरगंज कोभीड़ अस्पताल से इलाज खातिर भर्ती दु जने कोरोना संक्रमित फरार भईल बा लोग । नारायणी अस्पताल जे रोहबर में रहल अस्थायी कोभीड़ वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल में इलाजरर्थ दुगो कोरोना संक्रमित फरार भईल बा लोग ।
शनिचर के रात के करीब २ बजे राउण्ड में गईल स्वास्थ्यकर्मी दुनु जने संक्रमित के ना देखला के बाद प्रहरी के खबर कइले रहे लोग । डीलक्स क्याबिन में रहत आईल दुनु उहा से कइसे भाग गईल लोग प्रहरी अनुसंधान में जुटल बा ।
अस्पताल के पिच्छे से छरप के भागल के शंका प्रहरी कइले बा । दुनु संक्रमित के खोज तलास हो रहल बा जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर जानकारी करवले ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *