वीरगंज के तापक्रम ४०-४२ डिग्री पाहुचला के बाद भी बिधालयन मे हो रहल दिन भरवा पढ़ाई

    184

    वीरगंज, ०६ जेठ ।

    वीरगंज के तापक्रम ४०-४२ डिग्री के बीच चल रहल बा माकिर एतना गर्मी भी सरकारी बिधालय होखों चाहे निजी एका दुका छोड़ के हर जगह दिन भरवा पढ़ाई ही हो रहल बा ।

    वीरगंज महानगरपालिका के मतहत मे शिक्षा प्राणाली अइला के बाद वीरगंज महानगरपालिका के अइसन जेठ के भीषण गर्मी मे बिधालय मे दिनभरवा पढ़ाई ना करा के सबेरे कक्षा संचालन के निर्देश देवे के चाहित माकिर एकरा प्रति ना त महानगरपालिका के ध्यान बा ना प्रशासन के ना ही अभिभावक लोग के ।

    वीरगंज के गर्मी अभी चरमसीमा पर पहुच रहल बा । अइसन भयंकर गर्मी मे छोट छोट बच्चन सब के गर्मी के कारण मूर्छित होखल भाय डीहाइड्रेसन के समस्या आइल स्वाभाविक बा । कुछ बिधालयन के कमजोर पूर्वाधार के कारण बिधार्थी सब के गरम तावा के नीचे पढ़ रहल बानी हमनी आपन दुख सुनवले लोग ।

    बिधालय के भी जिम्मेवारी बनत बा की बिधालय प्रशासन दिनभरवा पढ़ाई ना करा के सेबेरे के कक्षा संचालन करो । एकरा साथ साथ बिधार्थी सब के डीहाइड्रेसन आ हिटस्ट्रोक सम्बन्धी जानकारी कराओ ता की बच्चा सब समय पर ज्यादा से ज्यादा पानी पिये आ अपने आप के गर्मी के कहर से सुरक्षित राख़ सके ।

    मौषम बिभाग के हिसाब से अभी औरी गर्मी पड़े के अनुमान बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here