वीरगंज के पलास्टिक के कबाड़ गोदाम मे आगलागी

695

वीरगंज, १० जेठ ।

वीरगंज के आदर्शनगर मे रहल एगो कबाड़ के गोदाम मे शनिचर के दुपहरिया मे आगलगी भइल बा ।

लगभग ३:०० बजे के समय मे हिरालाल प्रसाद साह सोनार के पलास्टिक के कबाड़ के गोदाम मे आगलागी भइल पर्सा के डीएसपी बिरेन्द्र बहादुर शाही जानकारी करवले ।

सोनार दोसरा के जमीन भाड़ा मे ले के संचालन कर रहल प्लास्टिक के कबाड़ गोदाम मे आगलगी भईला से करीब एक लाख पचास हजार रोपेया बराबर के भौतिक क्षति भइल के अनुमान लगावल गईल बा ।

डीएसपी शाही कहले, प्रारम्भिक अनुसंधान के समय मे आगलागी से करीब एक लाख पचास हजार बराबर के समान जर के भौतिक क्षति देखल जा रहल बा । आगलागी के कारण कथी ह अभी तक मालूम नईखे होखे सकल । खोजतलाश के बाद ही पता चली ।

स्थानीयवसीन्दा, प्रहरी आ अग्नि नियंत्रक यंत्र (दमकल) के सहयोग से करीब पौने एक घण्टा के कडा मसकत के बाद आग के नियन्त्रण मे लेहल गईल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here