वीरगंज के पौराणिक पिपरा मठ के परिसर कंस्ट्रक्सन साइट मे तबदील, महानगरपालिका मौन

    325

    वीरगंज, ३० कार्तिक ।

    वीरगंज वाड नम्बर १४ मे रहल पौराणिक स्थल पिपरा मठ आ संघही रहल नर्सिंग माध्यमिक बिधालय के बिच मे रहल मठ के बगईचा/परिसर अभि पूरा कंस्ट्रक्सन साईट मे तबदील हो गईल बा ।

    पूरखा पुरनिया लोग आपन आवेवाला संतति खातिर बचा के ले आईल मठ मंदिर आ इनार ना बोलला से आ महानगरपालिका के ध्यान ना देहला से पौराणिक स्थल कुरूप बनत जा रहल बा ।

    पिपरा मठ मन्दिर आ बिधालय के बीच मे रहल पिपरा मठ के परिसर सफा आ स्वच्छ रहेवाला जगह के अभी कब्जा करत कंस्ट्रक्सन साइट मे तबदील क देहल गईल बा । गाँव घर मे स्थानीय लोग गलत हो रहल बा कह रहल बा माकिर बोलनिहार भाय बिरोध करेवाला कोई नईखे यी भी एगो आश्चर्ज के बात बा ।

    वीरगंज महानगरपालिका के दायित्व ह की वीरगंज मे रहल पुरातात्विक आ पौराणिक संपातियन के संरक्षण आ संबर्द्धन करी माकिर पिपरा मठ आ उ मठ मे अवस्थित मन्दिर आ पोखरा भाय बगईचा के स्थिति देखला से साफ कहल जा सकता की महानगरपालिका पिपरा मठ के बारे मे आँख मून लेहले बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here