वीरगंज के प्लास्टिक कारख़ाना मे आगलागी

431

वीरगंज, २२ माघ ।

वीरगंज महानगपलिका के गण्डक चउक नियारा बाईपास रोड मे रहल अमृत प्लास्टिक कारख़ाना मे आजू बीहनइया आग लागल भइल रहे । आगलागी से कारख़ाना मे भारी क्षति भइल बा अनुमान लगावल गइल बा । आजू भोरे ३ बजे कारख़ाना मे आगी फइलला के बाद ओकरा के मुझावे खातिर लगातार कइल ३ घण्टा के कोशिस के बाद करीबन ६ बजे आग के नियन्त्रण मे करे मे सफलता मिलल रहे ।

वाड प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के हिसाब से आगलागी भइला से करीब १ करोड़ रोपेया बराबर के क्षति भइल बा प्रहरी के अनुमान बा । वीरगंज महानगरपालिका, पोखरिया नगरपालिका, कलेया उपमहानगपलिका आ जीतपुर सिमरा उपमहानगपलिका से आइल अग्नि नियंत्रक यन्त्र आ सुरक्षाकर्मी के सहजोग से आगी के मुझावे मे सफल भइल लोग ।

आगलागी से कवनो किसिम के मानव क्षति नइखे भइल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक वीरेन्द्र बहादुर साही जानकारी करवले । आगलागी कइसे भइल ओकरा भारे मे खोज तलास जारी बा, उ कहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here