वीरगंज के बिटिया “आरोही” प्रदेश न. २ के मिस राजधानी प्रतियोगिता २०१८ के खिताब जितली

    669

    वीरगंज, २० भादो ।

    वीरगंज के बिटिया “आरोही पटेल” प्रदेश नम्बर २ के मिस राजधानी प्रतियोगिता २०१८ के खिताब जितले बाड़ी । वीरगंज पिपरा के रहनियार स्वर्गीय बिरेन्द्र पटेल के बेटी आरोही पटेल प्रदेश नम्बर २ के मिस राजधानी प्रतियोगिता मे सारा सहभागीयन के पाछा छोड़त जीत हासिल कर के मिस राजधानी बने मे सफल भईल बाड़ी ।

    नेपाली कांग्रेस तरुण दल पर्सा के पूर्व अध्यक्ष स्वर्गीय बिरेन्द्र पटेल के बेटी आरोही वीरगंज के बीटीयन खातिर एगो उदाहरण बन के आगा आइल बाड़ी ।

    प्रदेश नम्बर २ मे पहिलका बेर भइल मिस राजधानी प्रतियोगिता के पहिलका बीजेता बन के वीरगंज के बिटिया आरोही पटेल वीरगंज के नया जुग के लईकिन के मोडेलिंग क्षेत्र आ अइसन प्रतियोगिता मे भाग लेवे के रास्ता बना देहले बाड़ी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here