वीरगंज के मुख्य सड़क चौडीकरण मे हमार ओर से कौनों अवरोध नईखे – सांसद यादव

    483
    The flow of people seen in the Birgunj Bazaar after the curfew was lifted in the district on Tuesday, September 22, 2015. Photo: Ram Sarraf

    वीरगंज, २४ कुवार ।

    पर्सा जिल्ला निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ से निर्वाचित माननीय सांसद आ समाजवादी पार्टी के युवा नेता प्रदीप यादव समाज के हरेक क्षेत्र के बराबर बिकास खातिर सदैव आवाज बुलन्द करत सदन हिला रहल बाड़े बतवले ।

    सांसद यादव बिकास निर्माण मे उनका संसदीय कोष मे मिलल ४ करोड़ रोपेया सत प्रतिशत जनता के सुख सुबिधा लाय ही खर्च होई बतवले । सांसद यादव माटी भर के ग्रेभल करे के काम के उ घोर बिरोधी बाड़े एहीसे ओ काम मे लगानी ना कईले आ जहा भी लगानी कईले उहा के सड़क पिच मे लगानी कईले बाड़ी जवन सड़क ५० साल ले नईखे खराब हो सकत बतवले ।

    वीरगंज के एगो स्थानीय एफएम के समय सन्दर्भ कार्यक्रम मे बितल सावन २८ गते बोलत बिकास निर्माण मे कमीशन खाएवाला लोग आपन माई के खून पीएवाला नरपिचाश ह लोग क़हत सांसद यादव अपने घंटाघर आ लक्षुमानवा चौक मे लगावल मास लाइट सब कोई के ध्यान केन्द्रित कर रहल बा बतवले ।

    सांसद यादव वीरगंज के मेन रोड चौडीकरण अभियान मे उनका ओर से कौनों किसीम के अवरोध नईखे, कहले । ५० मीटर तुरला पर भी कौनों आपति ना होई माकिर खाली तुरला से ना होई तुरते मातर जल्दी से जल्दी निर्माण भी करे के ग्यारेंटी आ बजेट के ब्यावस्थापन होखे के चाहि ना त खाली डोजर चला के तोड़फोड़ करते मातर समस्या समाधान ना होई निर्माण कार्य के भी ग्यारेंटी होखे के परल बतवले ।

    सांसद यादव प्रदेश नम्बर २ के राजधानी वीरगंज ना होखे सकल त जनकपुर भी ना होई क़हत राजधानी लाय बीच मे बैकल्पिक जगह के खोजी भी हो रहल बा खुलासा कईले । नेता यादव वीरगंज के नाली ब्यावस्थापन के खातिर शुरू कईल गईल योजना पूर्ण रूप से असफल हो गईल बा बतावत ओकर डिजाइन बदल के वीरगंज के डुबान क्षेत्र बनावेवाला लोग के भी जेल पाहुचावे के जिकिर कईले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here