वीरगंज के मुर्ली मे बन्द कोठरी मे मिलल हत्या भईल मातारी बेटी के लाश

    3445

    वीरगंज, २४ अगहन ।

    वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १२ मुर्ली नयका टोला मे काल्ह संझिया के बन्द कोठरी मे मातारी बेटी के लाश मिलल बा ।

    बारा जिल्ला के कलेया उपमहानगरपालिका वाड नम्बर २६ शीशवा महेशपुर घर रहल बर्तमान मुर्ली के नायका टोला मे मोहान झा के घर मे भाड़ा मे कोठरी ले के रहत आइल दुनु मतारी बेटी के लाश काल्ह बहुते खराब हालत मे मिलल । लाश गल गईला से घर मे महकला के बाद घर के मालिक झा श्रीपुर वाड प्रहरी के खबर कईले रहले ।

    वाड़ प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के टोली घर के केंवारी टूर के देखला पर गलल अवस्था मे पेंटिंग के काम करत आ रहल पवन साह के मेहरारू अंदाजन २२ साल के आ उनकर अंदाजन २ साल के बेटी के लाश मिलल प्रहरी निरीक्षक चक्र बहादुर मल्ल जानकारी करवले ।

    प्रहरी मुचुल्का उठा के लाश के पोष्टमार्टम खातिर नारायणी अस्पताल भेजले बा आ उनकर पति पावन साह फरार रहला के चलते प्रहरी उनकर खोजतलाश के साथ साथे आगा के अनुसंधान मे जुटल बा प्रहरी जानकारी देहलख ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here