वीरगंज के मेन रोड के घर टुडेके समय सिमा शनिश्चर के ओरियाईल

668

वीरगंज,आसाढ २१

सडक विभाग वीरगञ्ज के मितेरी पुल से मकवानपुर के दामेचौर तक त्रिभुवन राजपथ के सडक अतिक्रमण हटावेके सूचना निकालल १५ दिन शनिश्चर के ओरियाईल बा । सडक विभाग से सडक से दायाँ बायाँ २५÷२५ मीटर के अतिक्रमण १५ दिनभितर नहटईला बाद डोजर लगाके टुडेके बतावल गईल बा । जेकरा कारण मेन रोड मे वासि डेराईल बाडन् ।

मेन रोड के १५ दिन के समयसीमा आजु ओरीयाईल बा माकिर सडक विभाग से ऐसन का सडक चौडा करेके सूचना निकालल ई पहिलका बेर ना हवे । एहसे पहिले भी पाँच बेर ऐसनका सूचना प्रकाशित होचुकल बा । छठा बेर के सूचना भि शनिचर के ओरियाईल बा ।

सडक विभाग के डिभिजन कार्यालय त्रिभुवन राजपथसँगे महेन्द्र राजमार्ग के बारा मे रहल धन्सार पुल से मकवानपुर के लोथर तक के अतिक्रमण भि हटावेला सूचना जारी कईले बा । बेर बेर सूचना निकालला बाद भी अभि तकले वीरगञ्ज के सडक मे डोजर माकिर नईखे चलेसकल । जेकरा कारण वीरगञ्ज वासी के मन मे कौतुहल मचल बा ।

वीरगञ्ज के घण्टाघर से भन्सार तक हजारों घर, व्यावसायिक जगह, मन्दिर, वित्तीय संस्था आ सरकारी अफिस रहल बा । मेन सडक के सीमा भितर परेवाला उह संरचना टुडला से वीरगञ्ज के मौलिकता हि ओरियाए के कुछ लोग के कहनाम बा त कुछ लोग मापदण्ड अनुसार सडक चौडा करेके पक्ष मे खडियाईल बाडन ।

वीरगञ्ज महानगरपालिका के कुछ राजनितिक दल के नेता आ वीरगञ्ज उद्योग वाणिज्य संघ नगर के मेन रोड चौडा करेला घररसब टुडेके पक्ष मे नईखे । माकिर डिभिजन सडक कार्यालय हेटौंडा के सूचना अधिकारी जयराम अधिकारी के कहनाम सूचना के समयसीमा ओरीयाईल भियाने भईला से अतिक्रमण हटावे के सुरुवात होई ।

सूचना के समयसीमा पूरा भईला बाद वीरगञ्ज आ हेटौंडा से अतिक्रमण हटावे के काम के सुरुवात होखेके अधिकारी दाबा कईनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here