वीरगंज के मेन रोड चौडीकरण खातिर घण्टाघर मे हस्ताक्षर अभियान

338

वीरगंज, २६ कुवार ।

वीरगंज महानगरपालिका के सड़क के चौड़ाई बढ़ावे लाय दबाव देवे खातिर कुछ वीरगंज के युवा लोग आजू वीरगंज के हृदयस्थल घण्टाघर मे हस्ताक्षर अभियान सुरू कईले लोग ।

मेन रोड के दाया आ बाया २५/२५ मीटर सड़क के जग्गा कायम करे के मांग करत वीरगंज बिकास युवा संघर्ष समिति आजू से हस्ताक्षर अभियान सुरू कईले बा । वीरगंज के घण्टाघर मे तीन दिन तक हस्ताक्षर गोटा कईल क के भौतिक पूर्वाधार मन्त्री तक पाहुचावे के तैयारी उ लोग के रहल बा ।

संघर्ष समिति के सदस्य अकलेश साह सड़क चौडीकरण करे से रोकेवालन के आ कम चौड़ा होई कहेवालन पैसा के दम पर चौडीकरण रोके के दुष्प्रयस के असफल बनावे लाय आ सरकार के दबाव देवे लाय ही यी हस्तक्षर संकलन कार्यक्रम राखल गईल बतवले ।

कोई सड़क चौड़ा करे से रोके लाय अदालत मे स्टे आर्डर खातिर गईल बा लोग त कोई मन्त्री से भेट जा रहल बा लोग उ कहले ‘ सड़क चौडीकरण के अवरोध करे लाय हो रहल षड्यंत्र के बिरोध मे हमनी हस्ताक्षर अभियान चलावनी हई । आम जनता से कान्ह मे कान्ह मिला के चले के भरपूर सहयोग मिल रहल बा ।

संघर्ष समिति एकरा से पहिले वीरगंज मे बिरोध प्रदर्शन आ प्रमुख जिल्ला अधिकारी मार्फत ज्ञापन पत्र भी देहले बा । वीरगंज के मेन रोड चौडीकरण के चर्चा बहुते दिन से चलत आइला के वावजूद भौतिक रूप से साकार नईखे होखे सकल । त्रिभुवन राजपथ के भीतर परेवाला मेन रोड मे बनल संरचना भसकावला से क्षति होई एही से संरचना धानी के दबाव के कारण अभी ले रोड चौड़ा नईखे होखे सकल ।

 पिछला बेर नेपाल सरकार भौतिक पूर्वाधार आ यातायात मंत्रालय, सड़क बिभाग उतार दक्षिण ब्यापरिक मार्ग बढ़ावे के आयोजना मे गण्डक-घण्टाघर-रक्सौल सड़क मे घर झोपड़ी हटावे लाय छठ तकले के समय देहले बा । वीरगंज महानगरपालिका आ स्थानीय लोग के एक पक्ष सड़क के दाया बाया १५/१५ मीटर ही चौड़ा करे के सोच रखले बा त एगो पक्ष मूअब्जा दे के सड़क के चौड़ा करे के बात कहले बा ।

मेन रोड मे परेवाला संरचना के घरधनी वीरगंज उधयोगी ब्यापरी आ राजनीतिक दल के प्रतिनिधि मण्डल भौतिक पूर्वाधारमन्त्री रघुवीर महासेठ के दशाहरा से पहिले ही भेट भी कर चुकल बा लोग । जीतपुर परवानीपुर क्षेत्र के सड़क २५/२५ मीटर ही चौड़ा भईला के बाद भी वीरगंज के सड़क चौड़ा करे के बात अभी ले दोधार मे ही बा । मेन रोड पातर भईला के चलते मेन रोड मे सवारी जाम भईला से आवे जाए मे बहुते कठिनाई के समस्या दैनिक रूप से भोगे के परेला ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here