वीरगंज के मेयर सरावगी उपर अपने पार्टी के कार्यकर्ता कईले हाथापाई के प्रयास

    194

    वीरगंज, ११ आसार ।

    वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी उपर हाथापाई करे के आरोप मे प्रहरी समाजवादी पार्टी के ही कार्यकर्ता अजय चौरसिया के पकडले बा ।

    श्रीपुर मे रहल श्रीपुर बिध्यापीठ माध्यमिक बिधालय मे सीसीटिभी आ ई-हाजिरी के उद्धघाटन कर के वापिस जा रहल बेरा चौरसिया नगर प्रमुख सरावगी के संघे दुर्व्यहार कईले रहले । उद्धघाटन कार्जक्रम ओरईला के बाद वापिस जाए के बेरा बिधालय के मुख्य द्वार पर खाड़ा भईल चौरसिया नगरप्रमुख के गारी गरौज करत हाथापाई करे के कोशिश कईले रहले माकिर नगर प्रमुख सरावगी के निजी सुरक्षागार्ड चौरसिया के रोकत नगरप्रमुख सरावगी के बचाव कईले लोग । चौरसिया के प्रहरी अपना कब्जा मे लेत जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे रखले बा ।

    नगर प्रमुख से बाता कहानी कईला के संघही हाथापाई करे पर उतारू भईल चौरसिया के प्रहरी अपना कब्जा मे लेहलख जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक अनन्तराम शर्मा जानकारी देहले ।

    पार्टी के ही नेता लोग के उकसाहट मे अपना उपर अईसन दुर्व्यहार भईल नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी बतवले । पार्टी के ही कुछ संघातीया लोग हामरा बिरोध मे लागल बा लोग आ कईसे हामरा के कमजोर साबित करे मे लागल बा लोग । पार्टी के ही कुछ नेता लोग के उक्साहट मे आके एगो कार्यकता हाथापाई करे पर उतारू होगईले पीएसओ के बचाव से हम हाथापाई से बाच गइनी ।

    कुछ आदमी लोग के कहनाम रहे की कार्यक्रम के आपन मन के बात राखत नगर प्रमुख श्रीपुर बिधयपीठ माबि मे निर्माण हो रहल पैख़ाना के बिषय पर असंतुष्टि जनवले रहले ।

    प्रदेश सरकार स्थानीय सरकार के बिना समन्वय काम कर रहल बा । यीहा भी बिधालय ग्राउन्ड के बीच मे ही पैख़ाना बनत देख के मन के बात राखत समय बिना समन्वय काम ना करे के कहले रहले । बिना समन्वय गलत निर्माण के काम अगर होता त ओकरा के तुर देहल जाई कहले रहले ओहि से अपने पार्टी के नेता लोग ही उनका के उक्सा के हाथापाई करे खातिर भेजले रहे लोग ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here