वीरगंज के लालपर्सा मे जबर्दस्ती हाफल डेढ़ बिगहा ऐलानी जमीन खाली करावल जाई

308

वीरगंज, २६ बैसाख ।

वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर ३० लालपर्सा मे जबर्दस्ती हाफल डेढ़ बिगाहा ऐलानी जमनी जलदीए खाली करावल जाई ।

वीरगंज महानगरपालिका के नगरप्रमुख बिजय कुमार सरावगी, प्रमुख जिल्ला अधिकारी नारायण भट्टराई, नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल के प्रहरी उपरीक्षक, वाड ३० के वडा अध्यक्ष सहित करीबन १५० के सर्वपक्षीय बैठक मे जान बुझ के हाफ के राखल ऐलानी परती खाली करवावे के निर्णय भइल ।
वाड अध्यक्ष अमानत मिया के हिसाब से लालपर्सा मे लगभग डेढ़ बिगाहा ऐलानी जमीन बा । यीहे ऐलानी जमीन मे नेपाल राष्ट्रीय निमावि के भी भवन बनावल गईल बा । एही क्षेत्र मे करीब २ दर्जन स्थानीय लोग घर बना लेहले बा आ एही ऐलानी परती पर मुस्लिम समुदाय के नमाज पढे के ईदगाह भी बनावल गईल बा ।

पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कहले की एलनी परती बनल हर कुछ के हटावे के आ ऐलानी जमीन के संरक्षण करे के बहुते जरूरी बा । पूरे जिल्ला मे ऐलानी परती आ जमीन संरक्षण करे खातिर अभियान चाला के यी अभियान के तहत ऐलानी जमीन के संरक्षण होखे के परल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here