वीरगंज के ११ जने में कोरोना संक्रमित

 वीरगंज के ११ जने में कोरोना संक्रमित

वीरगंज, ८ कुवार ।

वीरगञ्ज स्थित नारायणी अस्पताल में रिएजेन्ट किट उपलब्ध भईला संगहि पिसिआर परिक्षण फेरु सुरु भईल बा ।

नारायणी अस्पताल बुधबार से पिसिआर प्रविधि से कोरोना परिक्षण फेरु सुरु कइले बा । बुधबार रात में भइल परिक्षण में अउरी १४ जने में संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल जानकारी करवले बा ।

बुधबार अबेर रात तक चलल पिसिआर परिक्षण के नतिजा अईला पर ९ जने महिला सहित १४ जने में कोरोना पोजेटिभ देखल गईल । अस्पताल के प्रवक्ता एवम् वरिष्ठ चर्म रोग विशेषज्ञ डाक्टर अतुलेश कुमार चौरसिया के देहल जानकारी अनुसार पर्सा के ११ जने सहित १४ जने में संक्रमण देखल गईल ।

अस्पताल में पर्सा, बारा आ अन्य जिल्ला से आईल २०६ जने के थ्रोट स्वाब ले के परिक्षण कईल गईल । पर्सा के १९७ जने आ बारा के ९ जने कर के २०६ जने के स्वाब परिक्षण भईल डा. चौरसिया बतवले ।

१४ जने में पुष्टि भईल संक्रमति मध्ये पर्सा के ११ जने रहल बा लोग आ विपद् व्यवस्थापन गुल्म के एक जना, त्रिजुद्ध स्कुल स्थित क्वारेन्टिन में रहल पर ठेगाना ना ख़ुलाल एक जने आ काठमाडौँ के एक जने कर के ३ जने रहल बा लोग, डाक्टर चौरसिया जानकारी देहले।

पर्सा में कोरोना पुष्टि भईल सारा संक्रमित वीरगञ्ज महानगरपालिका के अनेको वाड के बासिन्दा रहल बा लोग । वीरगञ्ज महानगरपालिका से संक्रमित लोग वाड नम्बर ३ के तिन जने, वाड नम्बर १० आ २८ के दु/दु जने आ वाड नम्बर २, ४, १० आ २० कर एक/एक जना रहल बा लोग ।

संक्रमति लोग के सिटी भ्यालु १७ से ३५ तक रहल बा उ बतवले । संक्रमण पुष्टि भईल में १५ साल के युवा से ले के६३ साल के वृद्ध समेत रहल बा लोग ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *