वीरगंज गण्डक मे स्कार्पियो आ ई-रिक्शा एक दोसरा से ठोकाईल, ई-रिक्शा चालवनिहार के स्थिति चिंताजनक

456
दुर्घटनाग्रस्त स्कार्पियो आ ई-रिक्शा- फोटो : मंसूर खान के टाटी से
दुर्घटनाग्रस्त स्कार्पियो आ ई-रिक्शा- फोटो : मंसूर खान के टाटी से

वीरगंज, ०९ पुष ।

आजू सेबेरे ही वीरगंज के गण्डक पर रहल सिप्रदी ट्रेडिंग नियरे स्कार्पियो आ ई-रिक्शा मे जोरदार ठोक्कर लागल बा । ई-रिक्शा चला रहल आदमी के स्थिति गम्भीर बनल बा ।

बा १८ च ८७६४ नम्बर के स्कार्पियो गाड़ी आ सामने से आरहल ना २ ह १७०७ नम्बर के ई-रिक्शा एक आपस मो ठोकईला से दुर्घटना भईल बा । यी दुर्घटना मे ई-रिक्शा चालवनिहार के कस के चोट लागला से उनकर स्थिति चिंताजनक बतावल गईल बा ।

दुर्घटना मे गम्भीर रूप से घायल भईल ई-रिक्शा चालवनिहार के गण्डक मे रहल वीरगंज हेल्थ केयर मे इलाज चल रहल बा आ दुर्घटना भईल स्कार्पियो गाड़ी आ गाड़ी के चालवनिहार के श्रीपुर वाड प्रहरी आफ्ना नियंत्रण मे लेहले बा स्थानीय लोग जानकारी करवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here