वीरगंज घटना: औरत के झोटा पकडेवाला प्रहरी के करवाही करे खातिर मन्त्री यादव के निर्देशन

810

वीरगंज, ७ अगहन ।

बद्रि नाथ झा ।

प्रदेश नम्बर २ के आन्तरिक ममिला तथा कानून मन्त्री ज्ञानेन्द्र कुमार यादव वीरगंज मे औरत ऊपर सश्स्त्र प्रहरी द्वारा कईल गईल दूरब्यावहार मे सामील सशस्त्र प्रहरीयन के कडा से कडा करवाही करे के निर्देशन संबन्धित अधिकारी के देहले बाड़े ।

सश्स्त्र प्रहरी के उच्च अधिकारी के टेलीफोन से फोन कर के घटना प्रति ध्यानकर्षण करावत यादव बहुते अराजक आ अनुशासनहीन ढंग से औरतन से दुर्ब्यावहार करेवाला प्रहरियन ऊपर जल्दी से जल्दी करवाहाई कर के प्रदेश सरकार के जानकारी करावे के निर्देशन देहले बाड़े ।

सशस्त्र प्रहरी के कुछ जवान बियफे के दिन संझिया वीरगंज-रक्सौल सीवान पर अबैध ढंग से सरसमान टपावे के दोष लगावत कुछ सर्वसाधारण औरतन के झोटा पकड़ के लासारत आ घिसियावत बहुते बेदर्द तरीका से मरपीट कईले रहे लोग । मन्त्री यादव घटना बहुते अमानवीय, अमर्यादित आ आपतिजनक रहल बतवले ।

मन्त्री कहले, कोई भी आदमी के मर्यादा आ आत्मसम्मान मे चोट पाहुचावत कानून नियम पालन करेवला निकाय करवाही एगो सभ्य समाज खातिर बर्दाश्त करेवाला योग्य नईखे । कानून भी राज्य के कौनों निकाय मे काम करेवाला कोई भी राष्ट्रसेवक कर्मचारी या सुरक्षा कर्मी से अइसन अराजक गतिविधि के कौनों कल्पना भी नईखे कईले ।

साधारण अवस्था मे भी अधिक से अधिक बल के प्रयोग करे वाला सुरक्षा निकाय के नियत कौनों भी हालत मे स्वीकार ना होई मन्त्री बतावत कौनों भी घटना के अनुसंधान मे मानवअधिकार सहित के ब्यक्ति के मौलिक अधिकार हनन ना होखे के बिषय मे सुरक्षाकर्मी लोग के गम्भीर होखे के मन्त्री यादव हिदायत देहले ।

अनुसन्धान मे अपमान, तिरस्कार आ ज्यादती के पक्षपोषण ना करे सकल जाई । अइसन करेवाला कम एगो बहुते डरावना बेमारी ह जेकरा से सुरक्षाकर्मी के बाहर निकले ही के पड़ी मन्त्री कहले । कौनों भी घटना मे आदमी के नियन्त्रण मे लेहला के बाद के विधि आ प्रक्रिया पूरा करे के निर्देशन भी सशस्त्र के अधिकारी लोग के देहले ।

मन्त्री यादव वीरगंज के घटना मे सामील दोषी सुरक्षाकर्मीयन के कार्यवाही होखे के आश्वासन देत घटनाप्रति सश्स्त्र प्रहरी बल के उच्च नेतृत्व संवेदनशील रहल बतवले । सशस्त्र के उच्चअधिकारी लोग भी घटना के ले के अचंभित बा लोग । उ लोग दोषी प्रहरी के ऊपर कार्वाही शुरू कर देहले बा लोग । सश्स्त्र प्रहरी प्रवक्ता डीआईजी सुरेश कुमार श्रेष्ठ वीरगंज मे भईल औरत के ऊपर मारपीट दुर्भाग्यपूर्ण बतावत दोषी प्रहरी उपर नियमावली अनुसार कार्वाही आगा बढ़ा देहल गईल बा बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here