वीरगंज घण्टाघर के तरकारी बाजार मे बम बिष्फोट, वीरगंजवासी आतंकित

    3905
    प्रतिकारात्मक फोटो

    वीरगंज,२८ सावन । बिमला गुप्ता ।

    वीरगंज में आजू मंगर के दिने फेर से एक तरकारी बजार में बम विष्फोट करावल गइल बा । वीरगंज महानगरपालिका के तरकारी बाजार मे बितल एक सप्ताह भितरे भइल ई दुसरका बम बिष्फोट के वजह से साधारण जनता आतंकित हो गईल बा ।

    मंगर के सांझिया करीबन ८ बजे घण्टा घर से उतर ओर  रहल तरकारी बाजार मे बिष्फोट भईला से बारा परवानीपुर गांवपालिका – ५ के अमरजीत प्रसाद पटेल समेत २ जाने घायल भईल बाड़े ।

    आजू तरकारी बाजार मे बिष्फोट भइला से तरकारी बाजार मे तरकारी किने आइल साधारण जनता के बीच भगदौड़ मचल रहे ।

    एसे पहिले बिरता बाजार मे इहे २४ गते शुक के बम बिष्फोट भइला से एगो भारतीय नागरिक समेत ३ जने घायल भईल रहले ।

    वीरगंज महानगरपालिका के तरकारी बाजार मे ही खाली हो रहल बिष्फोट के कारण इहाँ के साधारण जनता आतंकती हो गईल बा लोग ।

    प्रहरी दुनु बिष्फोट के पाटका पडकल कह के दाबी कईले बा । मंगर के दिने भईल बिष्फोट के बिषय मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आधिकारिक रूप मे प्रेस बिज्ञाप्ति निकाल के स्वीकार कईले बा ।

    एकरा  बिषय मे प्रहरी नायब उपरीक्षक अनन्त राम शर्मा बिष्फोट करावेवाला के खोज तलाश हो रहल बा जानकारी करवले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here