वीरगंज छपकइया-२ के युवा समूह द्वारा इद सामाग्री सहयोग

385

वीरगंज, ८ जेठ ।

इस्लाम धर्म के महान आ पवित्र पर्व इद के शुभ अवसर पर खरीददारी खातिर बाजार मे होखेवाला भीड़ के ध्यान मे राखत छपकइया-२ के युवा गरीब आ असहाय परिवारन के घर घर चहुप के इद खातिर ज़रूरियात सामाग्री साथे आर्थिक सहयोग पाहुचावे के अभियान शुरू कईले बा ।

छपकैया-२ के युवा कोरोना के कारण अभी के संक्रमण काल मे बाहर ना निकले सके के स्थिति बा एही से सभे कोई के घर से बाहर निकल के बाजार मे बिना ज़रूरियात भीड़ ना लागावे के निहोरा करत उ लोग के ज़रूरियात सामाग्री घर मे पाहुचावे के व्यवस्था कईले बा लोग ।

विश्वभर फ़ईल रहल कोरोना संक्रमण वीरगंज मे भी बढ़त क्रम मे रहल स्थिति मे इद के समय बाजार मे खरीददारी करे गइला पर संक्रमण बढ़े के जोखिम बढ़ी एही से संक्रमण से सुरक्षित रहे खातिर घर मे ही सब कोई के रहे के निहोरा कईल गईल बा ।

 वीरगंज के छपकइया-२ के क्षेत्रन मे रहेवाला करीबन १५९ मुस्लिम समुदाय के गरीब आ असहाय परिवारन के इद खातिर ज़रूरियात समान बांटल गईल । इद के अवसर पर ज़रूरियात समान सहित सेवई, चीनी, मासू खातिर आर्थिक सहयोग कईल गईल छपकैया-२ के युवा जानकारी करवले बा लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here