वीरगंज त्रिमूर्ति चौक पर सिटी राइड आ ई-रिक्सा लड़ल, ई-रिक्सा चलवनिहार घायल ।

    611

    वीरगंज, ०३ जेठ ।

    आजू सवा एक बजे के करीब मे त्रिमूर्ति चौक पर सिटी राइड बस आ ई-रिक्सा मे ठोक्कर लागल बा । यी दुर्घटना मे पर के ई-रिक्सा चलावनिहार घायल भइल बाड़े अभी उनका के इलाज खातिर नारायणी अस्पताल ले गइल गईल ।

    पथलैया से वीरगंज तरफ आ रहल ना ७ ख ४८५१ नम्बर के रोहित ट्राभल्स सिटी राइड बस आ वीरगंज घण्टा घर से उतर पवारहाउस चौक के तरफ जा रहल पूरा ना रहल ना १ ह ९_१५ (बीच के एगो नम्बर मिटकल) नम्बर के ई-रिक्सा त्रिमूर्ति चौक पर एक दोसरा मे लड़ गईल बा जेमे ई-रिक्सा चलवनिहार के आँख आ मुड़ी मे चोट लागल बा ।

    पाथलैया से वीरगंज तरफ आ रहल सिटी राइड बस आपना साइड से ही उतर से दक्षिण तरफ आवत रहे माकिर वीरगंज घण्टाघर से पावरहाउस जा रहल ई-रिक्सा दक्षिण से उतर तरफ वनवे रोड मे गलत साइड से जात समय सिटी राइड आ ई-रिक्सा एक आपस मे लडल स्थिति मे देखल गईल ।

    सिटी राइड के टक्कर से ई-रिक्सा के बाया ओर के चक्का मेन रोड पर बनल डिभाईडर के उपर चढ़ला के साथ साथे भौतिक टूटफुट भी भइल बा । ठोक्कर लागला से जख्मी भइल ई-रिक्सा चलवनिहार के मुड़ी आ आँख मे चोट लागल बा प्रत्यक्षदर्शी लोग जानकारी करवले । जख्मी चलवनिहार के स्थानीय आ प्रहरी के सहयोग मे नारायणी अस्पताल इलाज खातिर भेजल गइल । ठोक्कर लागते सिटी राइड बस के ड्राइभर भाग गइल बाड़े  लोग प्रत्यक्षदर्शी बतवलख ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here