वीरगंज नगर प्रमुख एक्शन में, भस्कावल गईल महानगरपालिका में बनल अवैध घर

418
बीरगंज वाड न. ८ अतिक्रमण कईल घर भस्कावत

वीरगंज, चईत १८

वीरगंज महानगरपालिका द्वारा आजू वार्ड न. ८, रेल्वे रोड के पश्चिम तरफ़ गहवा में रोड के अतिक्रमण कके बनावल गईल घर-दोकान प कड़ा कारवाई कईल गईल। रोड प बनावल घर-दोकान के महानगरपालिका के जेसीबी मशीन द्वारा तोड़-फोड़ के गिरावल गईल।

लगभग ३ साल पहिलही ए.डी.बी. (एशियन डिवेलप्मेंट बैंक) द्वारा रोड चौड़ीकरण आ नाला निर्माण के कहके ईहवाँ नगरपालिका के तरफ़ से रेल्वे रोड के पुरुब-पश्चिम दूनू ओरिया के नापी कके निशान लगा देहल रहे। लोग से निशान के अनुसार अपन-अपन घर-दोकान के तोड़े के नोटिस दिआईल रहे।

ओह बेरा कुछ लोग अपने त कुछ लोग के घर-दोकान नगरपालिका के द्वारा तोड़ल गईल रहे। ई तोड़-फोड़ के विरोध में लोग में बड़ा रोष रहे। लेकिन दिन बीतला प जब रोड चौड़ीकरण आ नाला निर्माण के दिशा में कवनो पहल ना भईल त फेर से टूटल घर-दोकान बना लेहलख लोग।

लेकिन एने लगातार महीनो-महीना से रोड अतिक्रमण से नाला अवरोध आ पानी निष्कासन के समस्या बनल आ रहल बा। जेसे गिजानत के अवस्था बा। एही संदर्भ में बता दीं कि काल्हे रेल्वे रोड के हनुमान मंदिर चौक से लेके नगवाँ मढ़ पोखरी तकले नगर प्रमुख विजय सरावगी द्वारा नाला अवरोध आ पानी निष्कासन के समस्या के निराकरण खातिर अनुगमन कईल गईल रहे। (आपन वीरगंज प काल्हू एपर विस्तृत समाचार आईल रहे)।

आजू के तोड़-फोड़ के प्रत्यक्षदर्शी रमेश कुमार साह के कहनाम अनुसार “तीन साल पहिले जब हमनी के घर में निशान लागल त हमनी के अपने तोड़ लेहनी बाकिर हमनी के फेर उहाँ कवनो निर्माण ना करवईनी। बाकिर कुछ लोग के टूटल त उ लोग फेर से बना लेहलख लोग। उ लोग के टूटत बा त टूटो। टूटल ज़रूरी बा।” मिलल जानकारी के अनुसार रोड अतिक्रमण के ख़िलाफ़ तोड़-फोड़ के के ई कार्यक्रम विहान भी जारी रही।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here