वीरगंज नाका होके १ करोड़ ४० मूल्य के २ लाख किलो फूल आईल

336

वीरगंज, २० कातिक ।

मुलुक के ही प्रमुख परव दसहरा, सोहरैया (दीपावली) आ छठ के अवसर पर वीरगंज नाका होके १ करोड़ ४० लाख रोपेया मूल्य बराबर के २ लाख ७८ हजार किलो फूल नेपाल आईल बा ।

वीरगंज भन्सार के सूचना अधिकारी संतोष यादव के मुताबिक ५ प्रतिशत भन्सार कर के दर से ७ लाख १२ हजार रोपया राजस्व तिरके सयपत्रि, गेंदा के फूल, कमल लगायत के अनेकन फूल वीरगंज में लियावल गईल बा ।

काठमांडू, पोखरा, चितवन, हेटौड़ा लगायत के व्यापारी लोग के फूल आईल यादव बतवले । जदी खाली मूल्य के देखल जाव त पर साल के तुलना में ई साल दोब्बर मूल्य के फूल आईल बा, उ कहले । पर साल ६३ लाख रोपया मूल्य बराबर के २ लाख २५ हजार किलो फूल आईल रहे । एकरा बापत मात्र साढ़े ३ लाख राजस्व उठल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here