वीरगंज नारायणी अस्पताल के डाक्टर सचितानन्द यादव पत्नी हत्या के जुर्म मे पुर्पाक्ष खातिर जेल चालान

558

बईशाख १०, मंगरवार।

अपना पत्नी के हत्या के दोष लागल नारायणी अस्पताल के डाक्टर सचितानन्द यादव आजू जिल्ला अदालत पुर्पाक्ष के खातिर जेल चालान क देहलख ।

जिल्ला अदालत पर्सा के न्यायधिस चन्द्रकान्त पौडेल के एकल इजलास डाक्टर यादव के पुर्पाक्ष के खातिर जेल चालान करे के आदेश जारी कइलख । अदालत के आदेश मुताबिक डा. यादव के सोमवार के सझिया वीरगंज कारागार चालान कईल गईल प्रहरी जानकारी करवलख ।

डा. यादव के पत्नी सुनीता यादव के इलाज के समय बितल चईत १५ गते त्रिभुवन बिश्वबिधालय शिक्षण अस्पताल मे डाक्टर लोग मृत घोषित कइले रहे ।

नईहर पक्ष दहेज ना देहला के आरोप मे सुनीता के उनकर पति सहित सास ससुर मिल के बितल चईत ६ गते रात के मारपीट के घायल बना देहले रहे लोग । घायल सुनीता के वीरगंज अस्पताल मे भर्ना कईल गईल माकिर यीहा कौनों सुधार ना भइला से उनका के काठमाण्डू ले गईल गईल । इलाज के समय मृत्यु हो गईल क़हत कर्तब्य जान मुद्दा मे जहेरी देहला के बाद प्रहरी आपन खोजतलाश शुरू कईले रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here