वीरगंज पानि टंकी एरिया मे कक्षा 8 के विद्यार्थी खुद से कईले सरसफाई

56

वीरगंज, फागुन २७

जाहाँ एक ओर वीरगंज मे धुरा गार्दा से लोग अउजियाईल रहता, दिन प्रति दिन बढ़ रहल मच्छर से परेसन रहत बा । उहवे आजू वीरगंज के पनि टंकी एरिया मे विद्यार्थी खुद से आपन स्कूल आसपास के करीब आधा किलोमीटर एरिया मे बृहत सरसफ़ाई कईले बा लोग ।

एंजेल इंटरनेशनल स्कूल के कक्षा ८ मे पढ़ रहल विद्यार्थी लोग द्वारा आपन स्कूल आसपास के रास्ता पर नाला, दोकान, गड़हा गुदही मे जमल फ़ोहार के जम्मा कर के सफाई कईले बा लोग । सरसफाई से उठल फोहोर के संकलन तथा ब्यवस्थापन मे सहयोग करे खातिर पनि टंकी विकास समिति के ओर से ठेला के सहयोग प्राप्त भईल रहे ।

अंजेल स्कूल के शिक्षक के मुताबिक हर महिला एगो प्रोजेक्ट डियाला, ओह प्रजेक्ट मे आजू कक्षा ८ के विद्यार्थी के सरसफाई के प्रोजेक्ट मिलल रहे जेमे विद्यार्थी लोग बढ़चढ़ के जोस व खरोस के साथ सहभागी भईल रहे लोग ।

विद्यार्थी द्वारा भईल सरसफाई से आसपास के वातावरण बड़ा सुन्दर दिखत बा क़हत स्थानीय होटल के ब्यापरी बतवनि की ई सरसफाई अगर सही समय पर हर दिन नागपालिका आ ईहा के स्थानीयवासी मिलके करे त वीरगंज के रूप बदल जाईत । आजू विद्यार्थी लोग द्वारा भईल सफाई से आसपास के स्थानीय खुसी के साथ विद्यार्थी भाई-बहिन लोग के बधाई भी देले रहे लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here