वीरगंज पोखरिया सडक पर भइल सवारी दुर्घटना में २ जने घायी

486

वीरगंज, ३ भादों ।

वीरगंज पोखरिया सडक प मंगर के दु गो मोटरसाइकल एक दूसरा से टकरइला से दु जने घायी भइल बाड़े ।

पोखरिया नगरपालिका के वडा नं. ९ बैरिया स्थित सडकखण्ड में वीरगंज से पोखरिया ओर आ रहल ना ६ प २८४८ आ विपरित दिसा में जा रहल भे १ प १३१९ नम्बर के मोटरसाइकल एक आपस में लड़ला से दुर्घटना भइल प्रहरी जनइले बा ।

सवारी दुर्घटना में परला से पोखरिया नगरपालिका वडा नं. ६ श्रीसिया के सागिर मियाँ आ वीरगंज रानीघाट निवासी विटु कुमार घायल भइल ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक चन्द्र सिंह बतवले बाड़े ।

विटु के मोटरसाइकिल पहिले विपरित दिसा से आ रहल टेम्पो से ठोकाइल रहे आ मोटरसाइकिल के तेज रफ्तार के वजह से बबैलेन्स ना मिलला के चलते सागिर मियाँ के मोटरसाइकिल से टकरा गइल एक प्रतेक्ष्यदर्शी बतवले बाड़े ।

ठोकर से घायल भईल मेसे सागिर के पोखरिया अस्पताल में इलाज भइला के बाद घरे लवटल बाड़े त ओने गंभीर रूपसे घायल भइल  विटु के इलाज खातिर वीरगंज में भेजल गइल प्रहरी निरिक्षक सिंह जानकारी देहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here