वीरगंज पोखरिया सडक मे सवारी दुर्घटना, एक अवरत के मृत्यु

4150

वीरगंज, ११ पुस ।
पर्सा के विन्दवासिनी गांवपालिका के वडा नं. २, बहुअर्वा भाठा मे आजु भइल सवारी दुर्घटना मे पर के एगो अवरत के मृत्यु भइल बा । वीरगंज पोखरिया सडकखण्ड मे भइल सवारी दुर्घटना मे पर के पोखरिया नगरपालिका के वडा नं. ७, रानिगंज निवासी सैमुदिन अंसारी के बेटी १८ बर्षिय सविना खातुन के मृत्यु भइल पुलिस बतइले बा ।

वीरगंज से पोखरिया तर्फ जारहल ना २ ह नम्बर के इ रिक्सा आ पोखरिया से वीरगंज तर्फ आरहल ना. ६ ख. ७२८२ नम्बर के ट्रक एक आपस मे ठोक्ला से दुर्घटना भइल सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प बहुअर्वा के इन्सपेक्टर मदन धानुक बतइलन ।

दुर्घटना मे पर पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के वडा नं. ६ निवासी झपसी दुसाद घाइते भइल महतो जानकारी करइलन । घाइते के उपचार नारयणी उपक्षेत्रिय अस्पताल वीरगंज मे होरहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here