वीरगंज प्रतिमा चउक पर ट्रैक्टर द्वारा मोटरसाइकिल के ठोक्कर, दु जने घायल एक के अवस्था गम्भीर

बीरगन्ज, ३० भादो ।
बीरगन्जस्थित प्रतिमा चउक पर भईल सवारी दुर्घटना में पर के एक जने के अवस्था गम्भीर भईल बा आ दोसर एक जने के गोड में चोट लागल बा ।
मंगर के दिने रात के करिब ९ बजे भईल ट्रैक्टर आ मोटरसाइकल एक आपस में ठोक्कर लागला से दुर्घटना भाइल बा । मोटरसाइकल पर सवार दुई जने घायल भईल बा लोग आ ठोक्कर मरेवाला ट्रैक्टर फरार भईल बा ।
बा ८८ प ३४४० नम्बर के मोटरसाइकल पर सवार में से अंदाजन २२/२३ साल के एक जने के अवस्था गम्भीर बा । दोसर एक घायल भी ओहि उमर के बाड़े ।
दुनु जने के तराई अस्पताल भेजला गईल बा । दुनू जने के ठेगाना बीरगन्जस्थित श्रीपुर रहल जानकारी प्राप्त भईल बा ।
इहे बीच मे मोटरसाइकल के टक्कर मारे वाला ट्रैक्टर के नम्बर नइखे पता लागे सकल आ ट्रैक्टर ठोक्कर मार के कलेया के तरफ फरार भईल प्रत्यक्षदर्शि लोग जानकारी करवलख ।

