वीरगंज प्रतिमा चौक के त्रिशक्ति इंटरनेशनल ट्रेडिंग के गोदाम में आगलगी, लाखो के क्षति

 वीरगंज प्रतिमा चौक के त्रिशक्ति इंटरनेशनल ट्रेडिंग के गोदाम में आगलगी, लाखो के क्षति

वीरगंज, ०५ भादो ।
वीरगञ्ज महानगरपालिका वडा नं. १२ प्रतिमा चौक में रहल त्रिशक्ति इन्टरनेसनल ट्रेडिङ के गोदाम में आगलागी भईल बा ।

बियफे के साँझ साढे ८ बजे के करिब में विद्युतिय तार सर्ट सर्किट भईला से फर्म के गोदाम में भइल आगलागी से लाखौँ बराबर के क्षति भइल बा सञ्चालक जानकारी करवले । फर्म के मेसिनरी पार्टस् भण्डारण कर के राखल गोदाम में आगलागी भईल रहे ।

पर्सा आ बारा से आईल वारुण यन्त्र तथा स्थानीय लोग के सहयोग में आगलागी नियन्त्रण में लेहल गईल सञ्चारकर्मी आरके पटेलले जानकारी देहले।

फर्म के सञ्चालक वीरगञ्जस्थित रेडियो वीरगञ्ज के निर्देशक धुर्व साह हउवे ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *